एंटरटेनमेंट डेस्क। ई बात साबित हो चुकल बा कि फिलिम भलही सुपरस्टार के होखे भा न्यू कमर के, ऑडियंस खाली एगो अच्छा कहानी चाहत बा। जदि उ थिएटर में ना मिली, तs सलमान खान होखस भा अजय देवगन, बड़-बड़ सितारन के अर्श से फर्श तक गिरावे में दर्शक तनिको समय ना गंवावेला लो। कुछ अइसने एह समय देवगन के कॉमेडी फिल्म ‘सन ऑफ सरदार 2’ के संगे हो रहल बा।
फिलिम के सुरुआत तs अच्छा मिलल, बाकिर एक हफ्ता होखे से पहिलही सैयारा आ महावतार नरसिम्हा के बीच में ई अइसन फंसल बिया की कहियो से कमाई नइखे हो पा रहल। मूवी के छठा दिन माने कि बुध के बॉक्स ऑफिस पs कइसन हाल रहल, इहां पढ़ीं डिटेल्स:
सन ऑफ सरदार 2 के बुध के निकलल दम
सन ऑफ सरदार 2 पहिला वीकेंड सही चलल रहे, बाकिर वर्किंग डे आवतही मूवी के हालत बहुत जादे खस्ता हो गइल बा। 5वां दिन माने कि मंगर तक तs फिलिम 2.75 करोड़ तक कमइले रहे, बाकिर छठा दिन मूवी के कमाई एतना जादे गिरल जवना के जान के सभे के ‘ओ पाजी कदि हंस वी लिया करो’ कहे वाला अजय देवगन के चेहरा से खुदे मुस्कान गायब हो जाई।
सैकनलिक.कॉम के रिपोर्ट्स के माेताबिक, बुध के अजय देवगन-मृणाल ठाकुर आ रवि किशन स्टारर एह फिलिम के खाता में मात्र सिंगल डे में 1.64 करोड़ तक आइल बा। इंडिया में फिलिम के नेट कलेक्शन 31.49 करोड़ तक भइल बा।
- वर्ल्डवाइड कलेक्शन 42 करोड़ रुपए
- इंडिया नेट कलेक्शन 31.49 करोड़ रुपएइंडिया ग्रॉस कलेक्शन 35.75 करोड़ रुपए
- ओवरसीज 6.25 करोड़ रुपए
- बुध – 6 डे 1.64 करोड़ रुपए
सन ऑफ सरदार 2 भइल हिट भा फ्लॉप?
सन ऑफ सरदार 2 के बजट 150 करोड़ के आसपास के बतावल जा रहल बा। एह फिलिम के शूटिंग इंडिया में चंडीगढ़ के अलावे एडिनबर्ग, लंदन में भइल बा। अइसन में फिलिम पs मेकर्स अंधाधुन पईसा लगवले बा लो। हालांकि, कलेक्शन देखके लागत नइखे कि अजय देवगन उ 150 करोड़ रिकवर कs पइहें।
सैयारा आ महावतार नरसिम्हा ई दुनो फिलिम इंडिया आ बिदेसन में दुनो जगह कमाई के कवनो मवका नइखे दे रहल। घरेलू बॉक्स ऑफिस पs 32 करोड़ कमाये वाली ई मूवी दुनियाभर में खाली 42 करोड़ के बिजनेस कइले बा आ फिलिम फ्लॉप हो चुकल बा।
Read Also: ZIM vs NZ 2nd Test: बैन के बाद Brendan Taylor के भइल वापसी, तुड़लें जेम्स एंडरसन के रिकॉर्ड