आगरा। चांदी के चमक फेर तेजी से बढ़ रहल बा। दीपावली से अभी तक हाजिर बाजार में चांदी के दाम 33 हजार रुपिया प्रति किलोग्राम आ एमसीएक्स पs 45 हजार रुपिया प्रति किलोग्राम बढ़ गइल बा। अब एमसीएक्स पs दाम 2,00,900 रुपिया आ हाजिर में 1,93,600 रुपिया प्रति किलोग्राम हो गइल बा। ई पहिला बेर बा जब चांदी दु लाख के पार कइलस आ मूल्य आपन आल टाइम हाई पs पहुंच गइल बा। एकरा से बाजार में अस्थिरता देखल जा रहल बा।
एमसीएक्स पs 6800 रुपिया के बढ़न्ती
वैश्विक अस्थिरता आ अमेरिका के ओर से लगावल टैरिफ से बाजार अस्थिर बा। चांदी के औद्योगिक इस्तेमाल बढ़ल बा आ कइयन गो देसन के सेंट्रल बैंक आ निवेशक एह दिशा में रुचि बढ़ावत बा लोग। धनतेरस से पहिले टूटल बाजार 25 नवंबर से फेर रफ्तार पकड़ चुकल बा।
चांदी कारोबारियन के कयास
चांदी कारोबारी अलग-अलग अंदाज लगा रहल बा लोग, जइसे दाम आउर बढ़ सकेला। आभूषण ज्वेलर्स के निदेशक आनंद प्रकाश कहत बाड़ें कि चांदी में निवेश तेजी से बढ़ रहल बा। एकर इस्तेमाल औद्योगिक उपकरण में हो रहल बा। नवंबर के पहिला हफ्ता में दु लाख पार करे के उमेद जतावल गइल रहे, जवन अब एमसीएक्स पs पहुंच गइल बा। हाजिर बाजारो पीछे नइखे आ दाम आउर तेजी से बढ़ सकेला। एक्सपर्ट्स के कहनाम बा कि 2026 के मध्य तक ई दाम 2.25 लाख के पार कs सकेला। सेंट्रल बैंक लोग चांदी में निवेश सुरू कs चुकल बा, जवन बड़ कारण बा।
दीपावली से अब तक हाजिर में 33 हजार, एमसीएक्स में 45 हजार के बढ़न्ती
आगरा सराफा एसोसिएशन अध्यक्ष नितेश अग्रवाल कहलें कि दाम में निरंतर अंतर आ नया-नया कयास बाजार में देखल जा रहल बा। अमेरिका के ओर से 50 प्रतिशत टैरिफ प्रभावी भइला के बाद चांदी सवा लाख के पार करे खातिर दउड़ सुरू कइले बा। बाजार ई दउड़ आउर लमहर देखत बा।
आगरा सराफा मैन्युफैक्चरर्स एसोसिएशन के अध्यक्ष ब्रज मोहन रैपुरिया कहलें कि बढ़त निवेशक, औद्योगिक इस्तेमाल आ वैश्विक अस्थिरता चांदी के दाम के रफ्तार दे रहल बा। हाजिर आ एमसीएक्स पs ऑल टाइम हाई दाम के बाद बाजार सांझ में अस्थिर हो गइल।






