[the_ad_group id="30365"]

UP BJP President Election : यूपी बीजेपी प्रदेश अध्यक्ष चुनाव खातिर आज नामांकन, कइयन गाे दिग्गज नेता रेस में 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लखनऊ। यूपी बीजेपी प्रदेश अध्यक्ष के बहुप्रतीक्षित चुनाव सनिचर आ अतवार के होखे वाला बा। एह चुनाव खातिर सुक के मतदाता सूची जारी कइल गइल बा, जवना में कुल 464 मतदाता सामिल बा लोग। एमे पांच सांसद, 26 विधायक, आठ एमएलसी आ 425 प्रांतीय परिषद के सदस्य आ जिला अध्यक्ष बा लोग। पार्टी के राष्ट्रीय महामंत्री आ केंद्रीय चुनाव पर्यवेक्षक विनोद तावड़े के निगरानी में सनिचर के नामांकन दाखिल कइल जाई।

नामांकन के संगही प्रदेश अध्यक्ष के तस्वीर साफ हो जाई। 17वां प्रदेश अध्यक्ष के घोषणा 14 दिसंबर, अतवार के कइल जाई। एह बीच पार्टी के राष्ट्रीय महामंत्री (संगठन) बीएल संतोष सुक के अचानके लखनऊ पहुंचलें। ऊ संगठन के शीर्ष नेता लोगन संगे बैठक कइलें आ मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ से मुलाकात कइलें। राते में ऊ दिल्ली वापस लवट गइलें।

प्रदेश अध्यक्ष चुनाव के पूरा कार्यक्रम जारी

प्रदेश संगठन के चुनाव अधिकारी आ पूर्व केंद्रीय मंत्री डॉ. महेन्द्र नाथ पांडेय सुक के प्रदेश अध्यक्ष चुनाव के पूरा कार्यक्रम जारी कइलें। एकरा मोताबिक, सनिचर के 13 दिसंबर के दुपहरिया 2 बजे से 3 बजे तक नामांकन दाखिल होई। ओकरा बाद 3 बजे से 4 बजे तक नामांकन पत्र के जांच होई।

सांझ के 4 बजे से 5 बजे तक नामांकन वापस लिहल जा सकी। ई सारा कार्यक्रम बीजेपी प्रदेश मुख्यालय में होई। अतवार 14 दिसंबर के जरूरत पड़ला पs मतदान करावल जाई। केंद्रीय चुनाव अधिकारी आ केंद्रीय मंत्री पीयूष गोयल अतवार के प्रदेश अध्यक्ष के घोषणा करी लोग। अतवार के चुनाव डॉ. राम मनोहर लोहिया राष्ट्रीय विधि विश्वविद्यालय परिसर में स्थित डॉ. आंबेडकर सभागार में होई।

एकरा से पहिले सुक के प्रदेश कार्यालय में प्रदेश महामंत्री (संगठन) धर्मपाल सिंह चुनाव के तइयारियन के समीक्षा कइलें। ऊ साफ कहलें कि ई पूरा प्रक्रिया पार्टी संविधान आ निरदेस के मोताबिक समय पs पूरा कइल जाई।

ई नाम सबसे जादे चर्चा में

अगिला साल होखे वाला पंचायत चुनाव आ 2027 के विधानसभा चुनाव से पहिले बीजेपी यूपी में ओबीसी चेहरा पs दांव लगा सकेला। पार्टी के भीतर एकरा के विपक्ष के पीडीए (पिछड़ा, दलित, अल्पसंख्यक) फार्मूला के काट मानल जा रहल बा।

प्रदेश अध्यक्ष के रेस में सबसे आगे चल रहल नाम में महाराजगंज के सांसद आ केंद्रीय वित्त राज्य मंत्री पंकज चौधरी बाड़ें। कुर्मी बिरादरी से आवे वाला पंकज चौधरी सात बेर सांसद रहल बाड़ें आ गोरखपुर के रहे वाला बाड़ें। एह इलाका से मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ आवे लें।

केंद्रीय मंत्री बीएल वर्मा के नाम चरचा में बा। ऊ राज्यसभा सांसद बाड़ें आ लोध बिरादरी से आवे लें। एकरा अलावे राज्यसभा सदस्य बाबूराम निषाद, पशुधन मंत्री धर्मपाल सिंह, प्रदेश महामंत्री अमर पाल मौर्य आ साध्वी निरंजन ज्योति के नाम चल रहल बा।

दलित चेहरन में विनोद सोनकर, विद्या सागर सोनकर आ जुगल किशोर के नाम चरचा में बा।

दुनो उप मुख्यमंत्री के मिलल बड़ जिम्मेदारी

राष्ट्रीय महामंत्री (संगठन) सुक के सांझ दुनो उप मुख्यमंत्री केशव प्रसाद मौर्य आ ब्रजेश पाठक के संगे प्रदेश अध्यक्ष भूपेंद्र सिंह चौधरी, महामंत्री संगठन धर्मपाल सिंह आ आउर शीर्ष नेता लोगन के संगे बैठक कइलें। एह चुनाव में दुनो उप मुख्यमंत्री के खास जिम्मेदारी सउपल गइल बा।

सनिचर के नामांकन बेवस्था के जिम्मेदारी केशव प्रसाद मौर्य आ प्रदेश महामंत्री संजय राय के दिहल गइल बा। अतवार के जिम्मेदारी उप मुख्यमंत्री ब्रजेश पाठक आ प्रदेश महामंत्री गोविंद नारायण शुक्ला के मिलल बा।

अतवार के दिन केंद्रीय पदाधिकारी, प्रदेश पदाधिकारी, सांसद, विधायक, महापौर, जिला पंचायत अध्यक्ष, जिलाध्यक्ष आ मंडल अध्यक्ष तक के बोलावल गइल बा। करीब 3500 पदाधिकारियप के पहुंचे के अनुमान बा। बीजेपी एह चुनाव के मेगा इवेंट बनावे के पूरा तइयारी में जुटल बिया।

Read Also: Kerla Nikay Election : शशि थरूर के गढ़ तिरुवनंतपुरम में बीजेपी के मजबूत प्रदर्शन के संकेत

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]