[the_ad_group id="30365"]

Canada Gangwar : ट्रक ड्राइवरन के बीच गोलीबारी, भारतीय मूल के तीन गिरफ्तार

Police investigation after gang-related firing between truck drivers in Brampton Canada
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नई दिल्ली। कनाडा में पुलिस भारतीय मूल के तीन ट्रक ड्राइवरन के गिरफ्तार कइले बिया। तीनो पs गोलीबारी में सामिल रहे के आरोप बा। कनाडा पुलिस ब्रैम्पटन में भइल फायरिंग के वीडियो शेयर करत बतवलस कि पुलिस एगो आउर आरोपी के तलाश में बिया।

ई घटना 7 अक्टूबर के रात 10:45 बजे के हs। मैकवीन ड्राइव आ कैसलमोर के बीच एगो पार्किंग में दुगो समूह के झड़प भइल। लड़ाई एतना बढ़ गइल कि दुनु तरफ से गोलीबारी सुरू हो गइल। एह घटना में एगो आदमी घायल हो गइल रहे।

3 आरोपी गिरफ्तार

कनाडा पुलिस के अनुसार, “जांच में तीन लोगन के पहचान भइल। 20 नवंबर के पुलिस वारंट जारी कइले रहे आ आरोपियन के तलाश सुरू कइल गइल रहे। अब तीनों के गिरफ्तार कs लिहल गइल बा।”

आरोपियन के नाम मनजोत भट्टी, नवजोत भट्टी आ अमनजोत भट्टी बतावल गइल बा। चउथा संदिग्ध अभियो पुलिस के पकड़ में नइखे आ ओकरा के खोजल जा रहल बा।

का आरोप बा?

कनाडा पुलिस आरोप लगवले बिया कि तीनो के लगे हथियार रहे, छिपाके हथियार ले गइल लोग, भारी बंदूक रखल आ लापरवाही से गोली चलावल। पुलिस के कहनाम बा कि तीनो के पता रहे कि ट्रक में बंदूक बा, बावजूद एकरा ऊ लोग ट्रक में सवार भइल।

हालांकि, तीनो आरोपी ब्रैम्पटन के ओंटारियो कोर्ट में जमानत याचिका दायर कइले रहे, जवन मंजूर हो गइल। पुलिस तीनो के रिहा कs देलस।

Read Also: Silver Rate Hike : सिल्वर तुड़ रहल बा आपन रिकॉर्ड, एक्सपर्ट के का बा कहनाम?

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]