Shoaib Akhtar on Mohsin Naqvi : ‘क्रिकेट जानत नइखन, पीसीबी के चेयरमैन बन गइलें…’, भारत से हार के बाद भड़कलें शोएब अख्तर, बाबर-मोहसिन पs कइलें तीखा हमला

Shoaib Akhtar criticizing PCB chairman and Babar Azam after India defeated Pakistan in T20 World Cup match

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। टी-20 वर्ल्ड कप में भारत पाकिस्तान के करारा मात दे देलस। पहिले बल्ला से ईशान किशन तूफान मचवलें, ओकरा बाद कोलंबो में भारतीय गेंदबाजन के कहर देखे के मिलल। भारत पाकिस्तान के 61 रन से हराके सुपर-8 में जगह बना लेलस। पाकिस्तान जेतना रन से हारल, ओतना रन ओकर टीम के कवनो खिलाड़ी बना ना बना सकल।

पाकिस्तान के एह हार के बाद भारतीय फैंस सोशल मीडिया पs जमके मजा ले रहल बा लोग। तरे-तरे के रिएक्शन आ रहल बा। एह बीच पाकिस्तान के पूर्व तेज गेंदबाज शोएब अख्तर खूब चर्चा में आ गइलें। भारत से हार के बाद ऊ पीसीबी चेयरमैन पs आपन गुस्सा खुलके उतार देलें।

मोहसिन नकवी आ बाबर आजम पs फूटल शोएब अख्तर के गुस्सा

एबीपी न्यूज चैनल पs बातचीत के दौरान ‘रावलपिंडी एक्सप्रेस’ कहल जाये वाला शोएब अख्तर पीसीबी अध्यक्ष मोहसिन नकवी के काबिलियत पs सवाल उठवलें। अख्तर के कहनाम रहे कि नकवी क्रिकेट जानते नइखन, एकरा बादाे पीसीबी के चेयरमैन बन गइलें- एकरा से पाकिस्तान टीम के हालत अइसन हो रहल बा। शोएब कहलें,

“नकवी क्रिकेट जानत नइखें, पीसीबी के चेयरमैन बन गइलें। ऊ बाबर के सुपरस्टार कहत बाड़ें, आ ऊ हमनी के एको गो मैच जितावे में नाकाम बाड़ें। दुनिया के सबसे बड़ गुनाह बा नाकाबिल आ जाहिल आदमी के बड़ जिम्मा दे दिहल।”- शोएब अख्तर

अख्तर खाली बोर्डे पs ना, बलुक सीनियर खिलाड़ियनो पs जमके बरसलें। बाबर आजम के संगे-संगे शाहीन अफरीदी आ शादाब खान जइसन खिलाड़ियन के ऊ खरी-खोटी सुनवलें। आगे ऊ कहलें,

“जवना आदमी के कुछो पता नइखे, ऊ पीसीबी के चेयरमैन बन गइल बा- अब टीम कइसे चली? रउआ एगो अइसन खिलाड़ी (बाबर आजम) के सुपरस्टार बना देनी, जवन एको मैच नइखे जितवा पावत। नाकाबिल आ जाहिल आदमी के बड़ काम दिहल दुनिया के सबसे बड़ गुनाह हs।” –शोएब अख्तर

भारत बनाम पाकिस्तान : भारत जीत के संगे सुपर-8 में

कोलंबो में खेलल गइल मुकाबला में टॉस हारके पहिले बल्लेबाजी करे उतरल भारत। टीम इंडिया खातिर ईशान किशन 40 गेना में 77 रन ठोकले, जइसही भारत 175 रन के मजबूत स्कोर खड़ा कइलस। लक्ष्य के पीछा करे उतरल पाकिस्तान भारतीय गेंदबाजन के दबाव में टूट गइल।

हार्दिक पांड्या, जसप्रीत बुमराह, अक्षर पटेल आ वरुण चक्रवर्ती दू-दू विकेट चटकावल लोग, जबकि कुलदीप यादव आ तिलक वर्मा एक-एक विकेट लिहल लोग। पाकिस्तान 114 रन पs सिमट गइल आ भारत 61 रन से मुकाबला जीत लेलस।

Read Also: Election Commission : पश्चिम बंगाल में चुनाव आयोग के बड़ा एक्शन: सात अफसर निलंबित, मतदाता सूची पुनरीक्षण के काम में गड़बड़ी के आरोप

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-