Sheikh Hasina : बांग्लादेश के पूर्व पीएम शेख हसीना के फांसी के सजा, इंटरनेशनल क्राइम ट्रिब्यूनल के बड़ फैसला

Former Bangladesh Prime Minister Sheikh Hasina after ICT court verdict on death penalty case

Share

नई दिल्ली। बांग्लादेश में आज के दिन इतिहास के सबले चउकावे वाला फैसला आइल। इंटरनेशनल क्राइम ट्रिब्यूनल (ICT) पूर्व प्रधानमंत्री शेख हसीना के खिलाफ चलत पांच गो गंभीर आरोपन पs आपन फैसला सुनवलस आ उनका के फांसी के सजा दे दिहल गइल। एह ममिला पs सुनवाई 23 अक्टूबर के पूरा भइल रहे, जवना के बाद फैसला आज सुरक्षित कइल गइल।

शेख हसीना पs हत्या, साजिश आ मानवता के खिलाफ अपराध जइसन गंभीर आरोप रहे। ट्रिब्यूनल के जज मंडल कहलस कि शेख हसीना “सबसे कड़ा सजा” के हकदार बाड़ी। फैसला करीब 400 पन्ना के बा, जवना के 6 हिस्सा में बांटल गइल बा।

का कहलस अदालत?

अदालत के मोताबिक, 5 अगस्त के दिन चंखारपुल में 6 प्रदर्शनकारी मारल गइल रहे लोग। ई कार्रवाई तत्कालीन गृह मंत्री आ पुलिस महानिरीक्षक के माध्यम से हसीना के आदेस पs भइल। अदालत में पेश साक्ष्य बतावत बा कि घटना के पीछे पूरा जिम्मेदारी शेख हसीना के आदेस पs रहे।

3 जज के बेंच सुनवलस फैसला

जज मोहम्मद गोलाम मजूमदार के अध्यक्षता में तीन जज वाला बेंच में शेख हसीना के अलावे पूर्व गृह मंत्री असदुज्जमां खान कमाल आ पूर्व पुलिस IG चौधरी अब्दुल्ला अल के नाम ममिला में जुड़ल बा। फैसला पढ़के रिकॉर्ड में डाले के प्रक्रिया चलत रहे, जवना के चलते फैसला लेट भइल।

कइयन गो रिपोर्ट में दावा बा कि हसीना प्रदर्शनकारी पs हमला करावे के आदेस देले रहली, जवना के चलते दर्जनन लोगन के जान गइल। अदालत के मोताबिक पूर्व पीएम के खिलाफ पर्याप्त प्रमाण मवजूद बा।

फांसी के मांग पs शेख हसीना का बोलली?

विरोधियन द्वारा फांसी के जोरदार मांग के बादो हसीना पूरा भरोसा में दिखली। ऊ कहली-
“हमरा कवनो फैसला से फर्क ना पड़ेला। जिंदगी अल्लाह के दिहल बा, उहे लिहे।”

ऊ कहली कि आरोप झूठ बा आ आवामी लीग हमेसा से जनता के भरोसे टिकल बिया। हसीना कहली-
“हम जिंदा बानी, जिंदा रहब आ जनता के भला खातिर काम करब। आज जवन लोग मानवाधिकार पs सवाल उठा रहल बा, ऊ लोग भुला गइल बा कि हमनी के 10 लाख रोहिंग्या शरणार्थी के शरण देले रहनी सs।” बांग्लादेश में ई फैसला से राजनीतिक तापमान तेजी से बढ़ गइल बा।

Read Also: Deoria News : जिला सम्मेलन में ग्रामीण पत्रकार आ चुनौती पs भइल चरचा, प्रदेश अध्यक्ष महेंद्र नाथ सिंह कहलें- पत्रकार सपना, कर्तव्य आ स्वाभिमान से कबो समझौता ना करे

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-