Deoria News : जिला सम्मेलन में ग्रामीण पत्रकार आ चुनौती पs भइल चरचा, प्रदेश अध्यक्ष महेंद्र नाथ सिंह कहलें- पत्रकार सपना, कर्तव्य आ स्वाभिमान से कबो समझौता ना करे

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 17, 2025

देवरिया। राष्ट्रीय प्रेस दिवस के मवका पs ग्रामीण पत्रकार एसोसिएशन देवरिया में जिला सम्मेलन आयोजित कइलस। एह सम्मेलन में “ग्रामीण पत्रकारिता के चुनौती” विषय पs संगोष्ठी भइल। कार्यक्रम देवरिया जिला पंचायत सभागार में भइल, जहां

Share

Deoria district conference of Rural Journalists Association on National Press Day, Mahendra Nath Singh addressing journalists

देवरिया। राष्ट्रीय प्रेस दिवस के मवका पs ग्रामीण पत्रकार एसोसिएशन देवरिया में जिला सम्मेलन आयोजित कइलस। एह सम्मेलन में “ग्रामीण पत्रकारिता के चुनौती” विषय पs संगोष्ठी भइल। कार्यक्रम देवरिया जिला पंचायत सभागार में भइल, जहां मुख्य अतिथि प्रोफेसर अनिल कुमार उपाध्याय रहलें, जबकि विशिष्ट अतिथि जिला पंचायत अध्यक्ष गिरीश चंद्र तिवारी, प्रदेश अध्यक्ष महेंद्र नाथ सिंह, डॉ के एन राय सहित कइयन गो जिलाध्यक्ष मवजूद रहे लाेग। कार्यक्रम के संचालन हरीश चंद्र मिश्रा कइलें।

एह दौरान जिला अध्यक्ष गिरीश चंद्र तिवारी के नेतृत्व में पत्रकार लोगन के शॉल आ मोमेंटो देके सम्मानित कइल गइल।

अपना संबोधन में डॉ. अजय मणि त्रिपाठी कहलें कि ग्रामीण पत्रकार पत्रकारिता के असली रीढ़ हवें। आजो गांव देहात में काम करे वाला पत्रकारन के जिंदगी आसान नइखे, सरकार के चाहीं कि ओह लोगन के हित में ठोस कदम उठावे।

प्रदेश अध्यक्ष महेंद्र नाथ सिंह कहलें कि मूल्य बिना जिनगी बितवला से बढ़िया बा कि मूल्य के संगे संघर्ष कइल जाव। ग्रामीण क्षेत्र के समस्या उठावल पत्रकारन के पहिला प्राथमिकता होखे के चाहीं। ऊ कहलें कि देस के आजादी में महात्मा गांधी पत्रकारिता के माध्यम से नौजवानन में आग जगवले रहस- ओही तरे आज फेर से ओह आग के जगावे के जरूरत बा।

एह कार्यक्रम में जिलाध्यक्ष नागेंद्र शर्मा, संगीता सिंह, श्याम नारायण मिश्रा, अरविंद सिंह, श्रवण कुमार गुप्ता, अखिलेश सिंह, नम्रता शुक्ला, मनोज तिवारी, विनोद सिंह, आनंद मोदनवाल सहित कइयन गो पत्रकार गणमान्य लोग मवजूद रहे।

Read Also: Nitish Cabinet : नीतीश मंत्रिमंडल के नया फार्मूला : 16+14+3+1+1… कवना तरे बनी नया समीकरण? मांझी खोललें अंदर के राज

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.