बिजनेस डेस्क। हफ्ता के दूसरका कारोबारी दिन भारतीय बाजार लाल निशान पs खुलल। सुरुआती करोबार में 30 शेयरन वाला सेंसेक्स 9:20 तक 451.63 अंक भा 0.53 प्रतिशत गिरके 84,651.06 अंक पs आ गइल। ओहिजा, 50 शेयरन वाला निफ्टी 139.85 अंक भा 0.54 प्रतिशत गिरके 25,820.70 अंक पs आ गइन।
कंपनियन, आयातकन आ बिदेसी पोर्टफोलियो निवेशकन के डॉलर मांग से निवेशकन के धारणा प्रभावित होखला से मंगर के सुरुआती कारोबार में रुपिया 10 पईसा से गिरके 90.15 रुपिया प्रति डॉलर पs आ गइल।

Read Also: Census : तइयारी सुरू, 15 जनवरी 2026 तक हर राज्य में कर्मचारी के नियुक्ति के आदेस
Post Views: 35






