स्पोर्ट्स डेस्क। भारतीय टीम के पूर्व विकेटकीपर बैटर दिनेश कार्तिक भारत के बेस्ट टी20 विश्व कप प्लेइंग-11 चुनलें बाड़ें। 40 साल के दिनेश कार्तिक क्रिकबज पs प्लेइंग-11 चयन करत 2024 वर्ल्ड कप विनिंग कैप्टन रोहित शर्मा आ रोहित शर्मा के रखलें बाड़ें, जबकि गौतम गंभीर आ वीरेंद्र सहवाग के ड्रॉप कs के हर केहू के चउकवले बाड़ें।
Dinesh Karthik चुनलें भारत के ऑलटाइम टी20 WC XI
दरअसल, दिनेश कार्तिक (Dinesh Karthik on India T20 WC Playing XI) प्लेइंग-11 के चयन करत ओपनर खातिर रोहित शर्मा आ विराट कोहली के चुनलें बाड़ें। 2024 टी20 विश्व कप एडिशन में रोहित टूर्नामेंट में सबसे जादे रन बनावे वाला खिलाड़ी रहस। ऊ 8 पारियन में 257 रन बनवलें, जेमे 3 फिफ्टी सामिल रहल, जबकि विराट कोहली के साउथ अफ्रीका के खिलाफ 59 गेना पs 76 रन बनावे के बाद प्लेयर ऑफ द मैच के अवॉर्ड मिलल रहे।
नंबर-3 खातिर दिनेश कार्तिक सूर्यकुमार यादव के रॉबिन उथप्पा पs तरजीह देलें। नंबर -4 खातिर युवराज सिंह के ऊ चुनलें।
पूर्व भारतीय ऑलराउंडर 2007 एडिशन में 148 रन बनवले रहस, जेमे ऊ दूगो अर्धशतक आ 6 सिक्स इंग्लैंड के खिलाफ एक ओवर में स्टुअर्ट ब्रॉड के गेना पs जड़ले रहस। कार्तिक फेर धोनी के बतौर कप्तान आ विकेटकीपर चुनलें। नंबर-6 पs हार्दिक पांड्या, जबकि नंबर-7 पs रवींद्र जडेजा के चयन कइलें।
Dinesh Karthik जोगिंदर शर्मा के ना चुनलें
बॉलिंग डिपार्टमेंट में नंबर-8 पs दिनेश कार्तिक (Dinesh Karthik News) पूर्व ऑफ स्पिनर हरभजन सिंह के अश्रर पटेल पs तजीह देलें। नंबर-9 पs ऊ अर्शदीप सिंह के चुनलें, जे 2024 टी20 विश्व कप में कुल 17 विकेट लेले रहस।
ऊ जोगिंदर शर्मा के ड्रॉप कइलें, जे 2007 टी20 विश्व कप फाइनल में 13 रन डिफेंड कइले रहस। नंबर-10 पs ऊ बायां हाथ के स्पिनर गेंदबाज कुलदीप यादव के चुनलें। आखिरी स्पॉट खातिर ऊ तेज गेंदबाज जसप्रीत बुमराह के चयन कइलें, जिनका टी20 विश्व कप 2024 के दौरान प्लेयर ऑफ द टूर्नामेंट के अवॉर्ड मिलल रहे।
दिनेश कार्तिक के ओर से चुनल गइल प्लेइंग-XI
रोहित शर्मा, विराट कोहली, सूर्यकुमार यादव, युवराज सिंह, एमएस धोनी (कप्तान आ विकेटकीपर), हार्दिक पांड्या, रवींद्र जडेजा, हरभजन सिंह, अर्शदीप सिंह, कुलदीप यादव आ जसप्रीत बुमराह।