Share Market Update : उतार-चढ़ाव के बाद सेंसेक्स आ निफ्टी फेर हरियर निशान पs लवटल

Share

बिजनेस डेस्क। घरेलू शेयर बाजार में बुध के दिन सुरुआत तनिका कमजोर रहल, बाकिर बाद में बाजार में सुधार देखे के मिलल आ आखिर में सेंसेक्स आ निफ्टी फेर हरियर निशान पs लवट आइल। पश्चिम एशिया में बढ़त तनाव आ बिदेसी निवेशकन के लगातार पईसा निकाले के चलते बाजार में सावधानी के माहौल बनल रहल।

सुरुआती कारोबार में बीएसई सेंसेक्स करीब 96 अंक गिरके 78,109.86 अंक पs आ गइल, जबकि एनएसई निफ्टी लगभग 23 अंक गिरके 24,238.65 अंक पs पहुंच गइल। बैंकिंग सेक्टर के कइयन गो बड़ शेयर में बिकवाली देखे के मिलल, जवना से बाजार पs दबाव बनल।

सेंसेक्स के 30 कंपनी में से कोटक महिंद्रा बैंक, आईसीआईसीआई बैंक, एक्सिस बैंक, एचडीएफसी बैंक, हिंदुस्तान यूनिलीवर आ बजाज फिनसर्व जइसन शेयर में गिरावट देखे के मिलल। दूसरका ओर इंटरग्लोब एविएशन, अदानी पोर्ट्स, टाटा स्टील आ एनटीपीसी जइसन कंपनी के शेयर में बढ़त देखे के मिलल।

विशेषज्ञन के कहनाम बा कि बाजार में फिलहाल सतर्कता के माहौल बा। एनरिच मनी के सीईओ पोनमुडी आर के मोताबिक, पश्चिम एशिया में बढ़त तनाव से दुनिया भर के वित्तीय बाजार प्रभावित हो रहल बा। ऊर्जा के दाम बढ़े के आशंका आ प्रमुख शिपिंग रास्ता में रुकावट के कारण निवेशकन के भरोसा तनिका कमजोर पड़ रहल बा।

उनकर कहनाम बा कि जब दुनिया में भू-राजनीतिक तनाव बढ़ेला, तs निवेशक अक्सर सुरक्षित निवेश के तरफ रुख करेला आ जोखिम वाला बाजार से पईसा निकाल लेला। एह कारण से शेयर बाजार में अचानक उतार-चढ़ाव देखे के मिल सकेला।

दुनिया के दोसरा बाजारन के बात करीं तs एशिया के कइयन गो बाजार में तेजी देखे के मिलल। दक्षिण कोरिया के कोस्पी सूचकांक 3 प्रतिशत से जादे चढ़ गइल, जबकि जापान के निक्केई 225 करीब 2.5 प्रतिशत ऊपर कारोबार करत रहल। शंघाई आ हांगकांग के बाजारो सकारात्मक रुख में रहल।

ओने, अंतरराष्ट्रीय बाजार में ब्रेंट क्रूड तेल के कीमत तनिका घटके करीब 87.46 डॉलर प्रति बैरल पs आ गइल। शेयर बाजार के आंकड़ा बतावत बा कि बिदेसी संस्थागत निवेशक (FII) मंगर के दिन लगभग 4,672 करोड़ रुपिया के शेयर बेच दिहल लोग। जबकि घरेलू निवेशक (DII) करीब 6,333 करोड़ रुपिया के शेयर किनल लाेग।

मंगर के कारोबार के अंत में सेंसेक्स 639 अंक चढ़के 78,205.98 अंक पs बंद भइल, जबकि निफ्टी 233 अंक बढ़के 24,261.60 अंक पs पहुंच गइल। विशेषज्ञ मानत बा लोग कि आगहू वैश्विक हालात आ तेल के दाम पs बाजार के दिशा काफी हद तक निर्भर करी।

Read Also: Instagram Down : अचानक ठप भइल इंस्टाग्राम, हजारन यूजर्स कइलें शिकायत

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-