Rohit Sharma : “फेर से मोट हो जाएम”, रोहित शर्मा केक खाये से मना कइलें; फिटनेस पs देत बाड़ें खास धेयान

Rohit Sharma becomes number one in ICC ODI rankings, breaks Sachin Tendulkar’s 14-year-old record

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। भारतीय टीम के पूर्व कप्तान रोहित शर्मा ए घरी अपना फिटनेस पs बहुत ध्यान देत बाड़ें। रोहित अब भारत खातिर खाली वनडे फॉर्मेटे में खेलत बाड़ें, काहेकि ऊ टी20 अंतरराष्ट्रीय आ टेस्ट क्रिकेट से संन्यास ले चुकल बाड़ें। जबसे रोहित टेस्ट क्रिकेट छोड़लें, तबसे ऊ फिटनेस के ममिला में आउर सावधान हो गइलें। मीडिया रिपोर्ट के मोताबिक, रोहित अभी तक 10 किलो ले वजन घटा चुकल बाड़ें।

रोहित फिटनेस के लेके केतना गंभीर बाड़ें, एकर अंदाजा एही से लगावल जा सकता कि दक्षिण अफ्रीका के खिलाफ तीसरा वनडे जीतला के बाद ऊ केक खाए से मना कs देलें।

यशस्वी कटलें केक

विशाखापट्टनम वनडे में भारत के जीत बाद जब टीम होटल पहुंचल, तs जीत के जश्न खातिर केक काटे के इंतजाम भइल रहे। विराट कोहली, यशस्वी जायसवाल के केक काटे के कहलें। यशस्वी तीसरा वनडे में धुआंधार प्रदर्शन करत अपना वनडे करिअर के पहिला शतक ठोकलें।

केक कटला के बाद यशस्वी पहिले कोहली के खिलवलन, फेर ऊ रोहित के ओर बढ़लें। रोहित मुस्कुरा के कहलें- “ना इयार, वापस मोट हो जाएम।” एही बात के वीडियो सोशल मीडिया पs तेजी से वायरल हो रहल बा।

यशस्वी, रोहित-कोहली के दम पs भारत जीतल सीरीज

भारतीय टीम के तिकड़ी-यशस्वी जायसवाल, रोहित शर्मा आ विराट कोहली के धांसू बल्लेबाजी के बदौलत दक्षिण अफ्रीका के तीसरा वनडे मैच में भारत नौ विकेट से हरवलस। एह जीत से भारत तीन मैच के वनडे सीरीज 2-1 से अपना नामे कइलस।

दक्षिण अफ्रीका पहिले बल्लेबाजी करत क्विंटन डिकॉक के शतक के सहारे 47.5 ओवर में 270 रन बनवले रहे। जवाब में भारत 39.5 ओवर में खाली एक विकेट गंवा के 271 रन बना देलस।

रोहित के 20,000 अंतरराष्ट्रीय रन पूरा

लक्ष्य के पीछा करत रोहित आ यशस्वी भारत के जबरदस्त सुरुआत देलें। दुनो मिल के पहिला विकेट खातिर 155 रन जोड़ल। रोहित एह दौरान आपन वनडे करिअर के 61वा अर्धशतक लगवलें आ अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट में 20,000 रन पूरा कs लेलें। रोहित 75 रन बनाके आउट भइलें।

ओकरा बाद विराट कोहली मैदान पs उतरलें, जिनकर बल्ला पूरा सीरीज में बोलल। कोहली आ यशस्वी दुनो मिल के रफ्तार बढ़ावत जबरदस्त बल्लेबाजी कइल लोग। यशस्वी नाबाद 116 रन ठोकलें जबकि कोहली 65 रन बनाके नाबाद रहलें।

कोहली लगातार चउथा मैच में 50+ स्कोर मरलें। दक्षिण अफ्रीका खातिर एकमात्र विकेट केशव महाराज के मिलल।

Read Also: Jashpur Road Accident : तेज रफ्तार कार ट्रेलर में घुसल, पांच जुवकन के मौत

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-