दुनियाभर में एह वक्त प्राकृतिक गैस के कीमत में जबरदस्त बढ़ोतरी दर्ज हो रहल बा। हालांकि, देशवासियन खातिर शनिवार सुबह राहत भरल खबर सामने आइल। सरकार कमर्शियल सिलेंडर के दाम में कटौती कइले बा। दिल्ली में ई कटौती 25.5 रुपये के बा।
रिकॉर्ड 40 फीसदी ले बढ़ चुकल बा गैस के दाम
वैश्विक स्तर पर छाइल संकट के बीच गैस के दाम में रिकॉर्ड स्तर पर 40 प्रतिशत के बढ़ोतरी भइल बा। तेल मंत्रालय के पेट्रोलियम योजना अउर विश्लेषण प्रकोष्ठ के आदेश के अनुसार पुराने क्षेत्रन से उत्पादित गैस खातिर भुगतान कइल गइल दर, जौन देश में उत्पादित सब गैस के लगभग दो-तिहाई ह, ओके मौजूदा 6.1 अमेरिकी डॉलर से बढ़ा के 8.57 डॉलर प्रति मिलियन ब्रिटिश थर्मल यूनिट कर दिहल गइल बा। एकर असर साफ तौर पर सीएनजी अउरी पीएनजी उपभोक्ता लोग पर दिखी।
Post Views: 147