iPhone जइसन डिजाइन वाला Realme Narzo 90 सीरीज 16 दिसंबर के होई लॉन्च, दुगो स्मार्टफोन करी एंट्री

Realme Narzo 90 series with iPhone-like design and AI features set to launch in India.

Share

टेक डेस्क। रियलमी बहुते जल्द भारत में मिड-रेंज सेगमेंट में आपन नया स्मार्टफोन सीरीज Realme Narzo 90 लॉन्च करे जात बा। एह सीरीज में दुगो स्मार्टफोन- Realme Narzo 90 आ Realme Narzo 90x उतारल जाई, जवन एआई फीचर से लैस रही। कंपनी दावा करतिया कि ई नया फोन मजबूत डिस्प्ले क्वालिटी, जबरदस्त बैटरी लाइफ आ रोज के इस्तेमाल खातिर बढ़िया विकल्प होई।

16 दिसंबर के होई लॉन्च

Realme Narzo 90 सीरीज के दुनो स्मार्टफोन भारत में 16 दिसंबर के लॉन्च होखे वाला बा। Realme Narzo 90 आ Realme Narzo 90x नाम से ई मार्केट में उतरी। कंपनी आपन अपकमिंग स्मार्टफोन के वैल्यू फॉर मनी कहत बिया एह दुनो फोन के बिक्री Amazon आ Realme India के आधिकारिक वेबसाइट पs होई।

रियलमी आपन फोन के डिस्प्ले, बैटरी परफॉर्मेंस आ फास्ट चार्जिंग के टीज कs चुकल बा। Realme Narzo 90 में एआई-पावर्ड इमेजिंग फीचर दिहल जाई। ई फोन स्लिम आ हलुक डिजाइन में आवे वाला बा।

दुसरका मॉडल Realme Narzo 90x के खास कs के कॉलेज स्टूडेंट्स आ डिजिटल लाइफस्टाइल वाला यूजर खाती डिजाइन कइल बतावल जा रहल बा। कंपनी एह फोन के बैटरी आ डिस्प्ले फीचर के टीज कs चुकल बिया।

Realme Narzo 90 सीरीज के संभावित खूबी

91Mobiles Hindi के रिपोर्ट अनुसार, Realme Narzo 90 5G मोबाइल RMX5111 मॉडल नंबर के संगे आ सकत बा। ई फोन कार्बन ब्लैक आ विक्टरी गोल्ड रंग में उपलब्ध हो सकेला। रियलमी एह मॉडल के चार RAM-स्टोरेज विकल्प में लॉन्च कs सकेला-

  • 6GB + 128GB
  • 8GB + 128GB
  • 8GB + 256GB
  • 12GB + 256GB

Narzo 90 स्मार्टफोन में 6.78-इंच फुल-HD+ OLED डिस्प्ले मिल सकेला, जवना में 120Hz रिफ्रेश रेट होई। रियर पैनल पs 50 मेगापिक्सल प्राइमरी कैमरा दिहल जा सकेला। रिपोर्ट कहत बा कि एह फोन में MediaTek Dimensity 7300 चिपसेट हो सकेला। फोन में 6,500mAh बैटरी दिहल जाई, जवन 80W फास्ट चार्जिंग सपोर्ट करी। एह सीरीज से रियलमी स्मार्टफोन मार्केट में फेर जोरदार टक्कर देवे के कोसिस में बा।

Read Also: Luthra Brothers : के हs लूथरा ब्रदर्स? जे क्लब के बिजनेस से दुनिया भर में कमइलस नाम, गोवा अग्निकांड के बाद थाईलैंड भागल

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-