मशहूर निर्देशक विक्रम सुगुमरण के अतवार के दिने दिल के दौरा पड़ के 47 बरीस का उमिर में निधन हो गइल.एह खबर के पुष्टि उनुकर करीबी दोस्त सोशल मीडिया का माध्यम से कइले. उनुका मौत से तमिल फिल्म इंडस्ट्री के सभे गहरा चौंक गईल बा अवुरी सोशल मीडिया के माध्यम से बहुत कलाकार उनुका के श्रद्धांजलि देले बाड़े। विक्रम सुगुमारन के खास तौर प अपना फिल्म ‘माधा यानाई कूतम’ खाती जानल जात रहले। ई फिलिम ना खाली दर्शकन का बीच लोकप्रिय भइल बलुक समीक्षकन के खूब तारीफ भी मिलल. उनकर फिलिमन में एगो अलग पहचान आ गहराई रहे जवना चलते ऊ तमिल फिल्म इंडस्ट्री के महत्वपूर्ण निर्देशकन में से एक बन गइलें.
खबर के मुताबिक बस में सफर करत निर्देशक के कार्डियक अरेस्ट हो गईल अवुरी उs एs दुनिया के अलविदा कs देले। मदुरै से एगो निर्माता के एगो नया पटकथा बखान कs के लवटत रहले कि अचानक बस में बईठल उनुका छाती में दर्द भईल, ओकरा बाद उनुका के पास के अस्पताल में भर्ती करावल गईल, बाकिर डॉक्टर उनुका के मरल घोषित कs देले।
तमिल इंडस्ट्री के कलाकार विक्रम के दी श्रद्धांजलि
उनुका अचानक निधन के खबर मिलते सोशल मीडिया पs दुख अवुरी संवेदना के लहर शुरू हो गईल। कई गो कलाकार आ उनुकर दोस्त पोस्ट के माध्यम से आपन दुख जतवले अवुरी विक्रम के प्रतिभा अवुरी उनुका याद के संजो के रखले। फिल्म इंडस्ट्री के लोग उनुका के एगो समर्पित, मेहनती अवुरी सच्चा कलाकार के रूप में याद करत बाड़े।
வாழ்க்கையின் அன்றாடங்களை நாம் இலகுவாக எடுத்துக் கொள்ள வேண்டும் என்பதே விக்ரம் சுகுமாறன் நமக்கு விட்டுச் செல்லும் செய்தி என நினைக்கிறேன். இறுக்கமான மனநிலை நம்மை எங்கும் இட்டுச் செல்லும் வாய்ப்பில்லை.
— Balu Manimaran (@pmn2067) June 2, 2025
"I think the message Vikram Sukumaran leaves us with is that we should take the… pic.twitter.com/4MKwtyE2qJ
विक्रम के कैरियर के बारे में
विक्रम सुगुमरण तमिल सिनेमा जगत में एगो प्रतिष्ठित नाम रहे। इनकर जनम तमिलनाडु के रामनाथपुरम जिला के परमकुडी में भइल रहे। फिल्म निर्माण के बारीकियन के ऊ मशहूर निर्देशक बालू महेन्द्र से सीखले. एक्टर के रूप में आपन कैरियर शुरू कईले अवुरी ‘पोलाधवन’ अवुरी ‘कोडीवीरन’ जईसन फिल्म में काम कईले। एकरा बाद 2013 में निर्देशन के दुनिया में प्रवेश कइलन आ ‘माधा यानाई कूटम’ के माध्यम से ग्रामीण जीवन के बहुते संवेदनशील तरीका से पेश कइलन जवना के दर्शक आ समीक्षक बहुते सराहल. साल 2023 में फिल्म ‘रावण कोट्टम’ के माध्यम से निर्देशन में वापसी कईले, हालांकि इs फिल्म बॉक्स ऑफिस पs बहुत सफल ना भईल। उनकर आखिरी निर्देशन फिल्म रहल ‘थीरम बोरम’ जवना के कहानी पर्वतारोहण के इर्द गिर्द घूमत रहे.
इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के ‘ अपने दौर के underrated एक्ट्रेस रहली ‘राखी गुलजार’