पीएम मोदी आजु आवत बाड़े काशी के देवे बड़ तोहफा, जानीं का बा खास

Share

यूपी विधानसभा चुनाव के लगभग 4 महीना बाद आज प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी अपना संसदीय क्षेत्र वाराणसी आ रहल बाड़े। पीएम मोदी एगो जनसभा के दौरान 1743 करोड़ के 45 परियोजना के उद्घाटन अवुरी शिलान्यास करीहे। करीब साढ़े चार घंटा ले काशी दौरा का दौरान ऊ 553.76 करोड़ के तीस गो योजना के उद्घाटन करीहें आ 1220.58 करोड़ के 13 गो परियोजना के शिलान्यास करीहें.

एह कार्यक्रमन में पीएम शामिल होखीहें

वाराणसी पहुंचला के बाद सबसे पहिले दुपहरिया दु बजे एलटी कॉलेज में अत्याधुनिक केंद्रीकृत मध्याह्न भोजन रसोईघर के उद्घाटन क के उहाँ मौजूद करीब बीस बच्चा से बातचीत करीहे। एकरा बाद दुपहरिया 2:45 बजे अंतरराष्ट्रीय अधिवेशन केन्द्र रुद्राक्ष में राष्ट्रीय शिक्षा नीति लागू करे पर अखिल भारतीय शिक्षा समागम के उद्घाटन करी. अंत में सांझ के करीब चार बजे प्रधानमंत्री डॉ. संपूर्णानंद स्पोर्ट्स स्टेडियम, सिगरा पहुंचिहे, जहां उ करोड़ों के योजना के शिलान्यास अवुरी उद्घाटन के उपहार के संगे खिलाड़ियन से बातचीत करीहे।

https://twitter.com/narendramodi/status/1544931838849794049?t=Drwtx6PnW-g8m3dvi717HQ&s=19

 

विपक्षी दलन के नेता लोग के घर में नजरबंद कर दिहल गइल

पीएम मोदी के वाराणसी आवे से पहिले पुलिस समाजवादी पार्टी के नेता लोग के घर में नजरबंद क देले बिया। प्रधानमंत्री मोदी के आवे से पहिले विपक्षी दल के नेता लोग के ओर से विरोध प्रदर्शन के संभावना के देखत नेता लोग के पुलिस के ओर से घर में नजरबंद कईल गईल बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-