पीएम मोदी कइलें रोजगार मेला के संबोधित, कहनें- 2047 ले देश अउर गोवा के विकास युवा लोग के हाथ में

Share

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आजु गोवा के पणजी में रोजगार मेला के वर्चुअली संबोधित कइलें। ऊ कहनें, भाजपा शासित सब राज्यन में एक के बाद एक रोजगार मेला के आयोजन कइल जा रहल बा। युवा लोग के केंद्र सरकार भी नौकरी दे रहल बा। प्रधानमंत्री आगे कहनें, आज गोवा सरकार अहम कदम उठवले बिया।

एही दौरान प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी नियुक्ति पत्र पावे वाले युवा लोग के बधाई दिहलें। ऊ कहनें, आवे वाले कुछ महीना में गोवा पुलिस समेत अन्य विभागन में कई भर्ती होखे वाला बा। एसे गोवा पुलिस अउर मजबूत होई अउर नागरिकन, पर्यटकन के सुरक्षा के क्षेत्र में बहुत बड़ सुविधा बढ़े वाला बा।

प्रधानमंत्री कहनें, गोवा रोजगार मेला में जौने युवा लोग के नियुक्ति पत्र मिलल बा, राउर सबसे महत्वपूर्ण 25 साल अब शुरू हो रहल बा। 2047 ले देश अउर गोवा के विकास रउआ के सौंपल गइल बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-