PCB: WCL में भारत के बायकॉट से पाकिस्तान के निकलल दम, देस के नाम के लेके पीसीबी जारी कइलस बेतुका फरमान

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। विश्व चैंपियनशिप ऑफ लीजेंड्स (WCL) में भारतीय खिलाड़ियन के ‘पाकिस्तान चैंपियंस’ के खिलाफ खेले से इनकार कइला के बाद पाकिस्तान क्रिकेट बोर्ड (PCB) निजी क्रिकेट लीग में आपन प्रतिनिधित्व करे वाली टीमन में देस के नाम के इस्तेमाल करे पs प्रतिबंध लगा देले बा। टेलीकॉम एशिया स्पोर्ट के रिपोर्ट के मोताबिक, इंग्लैंड में चल रहल WCL में भारत चैंपियंस के टीम शाहिद अफरीदी के अगुआई वाली पाकिस्तान चैंपियंस टीम के आईना दिखवलस आ लीग स्टेज के बाद सेमीफाइनलो में खेले से इनकार कs देलस। क्रिकेट जगत आ दुनिया भर के मीडिया चैनल्स पs एकरा के भारत आ पाकिस्तान के बीच टकराव बतावल गइल। एह बात के खूब चरचा भइल कि भारत पाकिस्तान के खिलाफ खेले से इनकार कs देले बा। जइसही एह तरे के बयान सामने आइल, पीसीबी बेतुका फरमान जारी कs के निजी क्रिकेट लीगन में देस के नाम के इस्तेमाल पs रोक लगावे के फैसला ले लिहल।

‘लोकप्रियता के नुकसान पहुंचल’

सूत्र सुक के टेलीकॉम एशिया स्पोर्ट के बतवलस, बियफे के निदेशक मंडल के बैठक में विस्तृत चरचा के बाद ई निर्णय लिहल गइल। उच्च स्तर के अधिकारियन के माने के बा कि भारतीय खिलाड़ियन के डब्ल्यूसीएल के दूसरका सत्र में पाकिस्तान के खिलाफ दु बेर खेले से इनकार कइला से देस के क्रिकेट टीम आ लोकप्रियता के नुकसान पहुंचल बा। भविष्य में कवनो निजी संगठन के निजी लीग खातिर देस के नाम इस्तेमाल करे के अनुमति ना दिहल जाई। हालांकि, पाकिस्तान चैंपिंयस के मवजूदा टीम के दक्षिण अफ्रीका के खिलाफ सनिचर के होखे वाला WCL फाइनल में खेले के स्वीकृति होई।

‘निजी संगठनन पs होई कार्रवाई’

रिपोर्ट में कहल गइल बा कि अलग-अलग निजी संगठन जिम्बाब्वे, केन्या आ अमेरिका में छोट आ लो प्रोफाइल लीग में खेले खातिर पाकिस्तान के नाम के इस्तेमाल कइले बा। रिपोर्ट के मोताबिक, ‘पाकिस्तान के नाम के इस्तेमाल कइला पs सब निजी संगठनन के कानूनी कार्रवाई के सामना करे के पड़ी। पीसीबी के करीबी सूत्र कहलस, ‘अगर पीसीबी के लीग आ संगठन के प्रमाणिकता सही लागत बा तs ओकरा लगे क्रिकेट प्रतियोगितन खातिर एकर इस्तेमाल के अनुमति देवे के एकमात्र अधिकार बा।’ इहो पता चलल बा कि पाकिस्तान सरकार आ देस में खेलन के देखरेख करे वाली आईपीसी (अंतर-प्रांतीय समन्वय समिति) पीसीबी के एगो सलाह भेजले बा कि भविष्य में निजी क्रिकेट लीग में देस के नाम के उपयोग के नियंत्रित कइल जावs।

यूएई टी20 विश्व कप से पहिला त्रिकोणीय सीरीज के मेजबानी करी

संयुक्त अरब अमीरात (यूएई) अगिला साल होखे वाला टी20 विश्व कप के तइयारी के अंतर्गत एह महीना के अंत में एगो ट्वेंटी20 त्रिकोणीय सीरीज के मेजबानी करी, जेमे अफगानिस्तान आ पाकिस्तान सामिल होई। शारजाह 29 अगस्त से सुरू होखे वाला त्रिकोणीय सीरीज के सब सात मैचन के मेजबानी करी। शीर्ष दु टीम फाइनल खातिर क्वालिफाई करे से पहिले एक-दूसरा के खिलाफ दु बेर खेली।

पाकिस्तान आ अफगानिस्तान पहिलही भारत आ श्रीलंका के संयुक्त मेजबानी में होखे वाला टी20 विश्व कप खातिर सीधे क्वालिफाई कs चुकल बा। यूएई क्वालिफाई कs सकत बा, बाकिर ओकरा अक्टूबर में ओमान में आईसीसी के एशिया-पूर्वी एशिया आ प्रशांत क्वालिफायर खेले के होई। पिछलका टी20 विश्व कप में सातवां स्थान पs रहे वाला अफगानिस्तान पिछला साल के अंत में जिम्बाब्वे के खिलाफ द्विपक्षीय श्रृंखला के बाद से कवनो टी20 मैच नइखे खेलले। पाकिस्तान वर्तमान में अमेरिका में वेस्टइंडीज के खिलाफ टी20 सीरीज खेल रहल बा।

Read Also: Gorakhpur News: पत्नी के मुंह में थूकलस गुटखा, अप्राकृतिक संबंध बनवलस; केस दर्ज-जानीं का रहे वजह

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-