Pawan Singh Controversy : पवन सिंह के बढ़ल मुश्किल, अंजलि राघव ममिला में महिला आयोग सख्त, भोजपुरी स्टार के नोटिस जारी

Share

एंटरटेनमेंट डेस्क। भोजपुरी स्टार पवन सिंह के मुश्किल एक बेर फेर बढ़ गइल बा। हरियाणवी अभिनेत्री अंजलि राघव के शिकायत पs हरियाणा महिला आयोग एक्शन में आ गइल बा। आरोप बा कि एगो कार्यक्रम के दौरान पवन सिंह अंजलि के गलत तरीका से छूअले रहलें।

एह ममिला में महिला आयोग पवन सिंह के नोटिस जारी कइले बा आ उनकर 2 अप्रिल के फरीदाबाद में आयोग के दफ्तर में हाजिर होखे के आदेस दिहल गइल बा।

महिला आयोग के कड़ा रुख

हरियाणा महिला आयोग के अध्यक्ष रेनू भाटिया बतवलीं कि शिकायत मिलला के बाद कार्रवाई सुरू कs दिहल गइल बा। 2 अप्रिल के पूछताछ खातिर अंजलि राघव आ पवन सिंह दुनो के बोलावल गइल बा।

पुरान बा ममिला

शिकायत के अनुसार, ई घटना अगस्त 2025 के हs। ओह समय अंजलि राघव लखनऊ में एगो कार्यक्रम में हिस्सा लेवे गइल रहली। आरोप बा कि स्टेज पs पवन सिंह उनकरा संगे गलत बेवहार कइलें।

वीडियो भइल रहे वायरल

एह घटना के वीडियो सोशल मीडिया पs वायरल भइल रहे, जवना के बाद अंजलि राघव विरोध जतवले रहली। बाद में दूनो पक्ष के बीच बातचीत के बाद ममिला शांत हो गइल रहे।

फेर से उठल ममिला

अब अंजलि राघव दोबारा महिला आयोग में शिकायत देके न्याय के मांग कइले बाड़ी। शिकायत में बिना मरजी छूवे आ वीडियो वायरल करे के आरोप लगावल गइल बा।

Read Also: Bihar Board 12th Result 2026 : साइंस में आदित्य, आर्ट्स में निशु आ कॉमर्स में अदिति बनली टॉपर

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-