Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

छपरा के रास्ते चले वाली ट्रेनन में अत्याधुनिक सेवा सुरू: वाराणसी मंडल से चले वाली कइयन ट्रेनन में यात्रियन के मिली रेफ्रिजरेटर समेत कइयन सुविधा

284
Google Ads 300*250 for posts

रेलवे प्रशासन अपना यात्रियन के यात्रा के दौरान बेहतर खान-पान सुविधा उपलब्ध करावे खातिर निरंतर प्रयत्नशील बा। यात्रा के दौरान यात्रियन के बेहतर खान-पान सुविधा उपलब्ध करावे खातिर कइयन गाड़ियन में पेनेट्रीकार, मिनी पेन्ट्रीकार आ ट्रेन साइड वेंडिंग के सुविधा उपलब्ध करावल गइल हs। वर्तमान में अत्याधुनिक एल.एच.बी. पेंट्रीकार लगावल जा रहल बा, जेमे रेफ्रिजरेटर, डीप फ्रीजर, हाटकेस, वाटर बॉयलर आ अग्नि रहित इंडक्शन लगावल गइल बा, ताकि यात्रियन के गरम भोजन आ ठंडा पेय पदार्थ उपलब्ध हो सके।

अब ट्रेन में मिली इहो सुविधा

वर्तमान में वाराणसी मंडल पs चल रहल गाड़ियन 15017/15018 गोरखपुर-लोकमान्य तिलक टर्मिनस-गोरखपुर एक्सप्रेस 22537/22538 गोरखपुर-लोकमान्य तिलक टर्मिनस-गोरखपुर एक्सप्रेस, 15045/15046 गोरखपुर-ओखा-गोरखपुर एक्सप्रेस आ 15097/15098 भागलपुर-जम्मूतवी-भागलपुर एक्सप्रेस में पेन्ट्रीकार लगावल जा रहल बा। एह सब गाड़ियन में आधुनिक एल.एच.बी. पेंट्रीकार लगावल जा रहल बा। एकरा अलावे 15125/15126 बनारस-पटना जं०-बनारस एक्सप्रेस आ 22549/22550 गोरखपुर-लखनऊ-गोरखपुर वंदे भारत एक्सप्रेस में मिनी पेंट्रीकार लगावल गइल बा।

वाराणसी मंडल पसs वर्तमान में चल रहल गाड़ियन 12559/12560 बनारस-नई दिल्ली-बनारस एक्सप्रेस, 15003/15004 गोरखपुर-कानपुर अनवरगंज-गोरखपुर एक्सप्रेस, 12581/12582 बनारस-नई दिल्ली-बनारस एक्सप्रेस, 22539/22540 मऊ-आनन्द विहार टर्मिनस-मऊ एक्सप्रेस, 15025/15026 मऊ-आनन्द विहार टर्मिनस-मऊ एक्सप्रेस, 15083/15084 छपरा-फर्रूखाबाद-छपरा एक्सप्रेस, 15027/15028 गोरखपुर-हटिया-गोरखपुर एक्सप्रेस, 15115/15116 छपरा-दिल्ली-छपरा एक्सप्रेस, 15053/15054 छपरा-लखनऊ जं.-छपरा एक्सप्रेस, 15107/15108 बनारस-लखनऊ-बनारस एक्सप्रेस, 12529/12530 लखनऊ जं.-पाटलिपुत्र-लखनऊ जं. एक्सप्रेस, 15101/15102 छपरा-लोकमान्य तिलक टर्मिनस-छपरा एक्सप्रेस, 15029/15030 गोरखपुर-पुणे-गोरखपुर एक्सप्रेस, 15159/15160 छपरा-दुर्ग-छपरा एक्सप्रेस आ 15021/15022 शालीमार-गोरखपुर-शालीमार एक्सप्रेस में ट्रेन साइड वेंडिंग के माध्यम से यात्री जनता के खाद्य आ पेय पदार्थ उपलब्ध करावल जा रहल बा।

614450cookie-checkछपरा के रास्ते चले वाली ट्रेनन में अत्याधुनिक सेवा सुरू: वाराणसी मंडल से चले वाली कइयन ट्रेनन में यात्रियन के मिली रेफ्रिजरेटर समेत कइयन सुविधा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.