नई दिल्ली। संसद के बजट सत्र के दूसरा चरण आज माने सोमार से सुरू हो रहल बा। ई चरण 9 मार्च से 2 अप्रिल तक चली। उम्मीद जतावल जा रहल बा कि ई सत्र बहुते हंगामेदार रही। सत्र के पहिला दिन लोकसभा में स्पीकर ओम बिरला के पद से हटावे के विपक्ष के प्रस्ताव पs चरचा होई। एह खातिर एनडीए आ विपक्षी गठबंधन दुनो आपन सांसद लोग के सदन में मवजूद रहे के व्हिप जारी कइले बा। हालांकि सरकार के लगे बहुमत होखे के कारण विपक्ष के प्रस्ताव पास होखे के संभावना बहुत कम मानल जा रहल बा।
एह बजट सत्र में पश्चिम एशिया में चल रहल तनाव, खास कs के अमेरिका आ इजराइल के तरफ से ईरान पs हमला के बाद पैदा भइल हालात पs चरचा हो सकेला। विपक्ष एह मुद्दा पs सरकार के घेरे के तइयारी में बा। एकरा संगे भारत-अमेरिका बेयपार समझौता बहस के बड़ मुद्दा बन सकेला। बजट सत्र के पहिला चरण 28 जनवरी से 13 फरवरी तक चलल रहे।
सोमार के लोकसभा में प्रश्नकाल के बाद 118 विपक्षी सांसदन के तरफ से स्पीकर के हटावे के प्रस्ताव पs चरचा सुरू होई। विपक्ष के आरोप बा कि स्पीकर सदन में विपक्ष के अधिकार के अनदेखी करत बाड़ें आ बहस खातिर पर्याप्त समय नइखन देत। कांग्रेस के कहनाम बा कि जब नेता विपक्ष राहुल गांधी बोले खातिर खड़ा होलें तs कइयन बेर उनकर माइक बंद कs दिहल जाला।
सरकार एह प्रस्ताव के कड़ा विरोध करे के तइयारी में बिया। सत्ता पक्ष के सांसद आ मंत्री कांग्रेस पs संसदीय परंपरा तोड़े के आरोप लगावत नजर आ सकत बा लोग। एकरा संगे पश्चिम बंगाल में राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू के कथित अपमान के मुद्दा सरकार जोर-शोर से उठावे के तइयारी में बिया।
विदेश मंत्री एस जयशंकर आज लोकसभा में पश्चिम एशिया के हालात पs बयान दिहें। विपक्ष पहिलही एह मुद्दा पs चरचा के मांग करत रहल बा।
हालांकि सदन में संख्या बल के हिसाब से देखल जावs तs स्पीकर के हटावे वाला प्रस्ताव पास होखे के संभावना बहुत कम बा, बाकिर विशेषज्ञ मान रहल बा लोग कि विपक्ष एही बहाने आपन एकजुटता देखावे के कोसिस कs रहल बा, खासकर ओह राज्यन में जहां जल्दी विधानसभा चुनाव होखे वाला बा।







