पटना। बिहार के राजधानी पटना में सुक के देर रात बड़ सियासी हंगामा देखे के मिलल। पटना पुलिस पूर्णिया से निर्दलीय सांसद राजेश रंजन उर्फ पप्पू यादव के देर रात गिरफ्तार कs लेलस। पुलिस के मोताबिक, ई गिरफ्तारी 31 साल पुरान ममिला में भइल बा। बतावल जा रहल बा कि पप्पू यादव के साल 1995 के एगो केस में गिरफ्तार कइल गइल बा।
गिरफ्तारी के बाद पप्पू यादव के तबीयत अचानक बिगड़ गइल। हालत खराब होखतही पुलिस उनका के पटना के IGIMS अस्पताल ले गइल। अस्पताल में भरती होखला के बादो सांसद के हालत पs सवाल उठे लागल।
पप्पू यादव के निजी सचिव पुलिस आ सिस्टम पs गंभीर आरोप लगवले बाड़ें। निजी सचिव के कहनाम बा कि IGIMS में सांसद के बेड तक नसीब ना भइल, जवना चलते पप्पू यादव के पूरा रात स्ट्रेचर पs बितावे के पड़ल। ई खबर सामने अइला के बाद सियासी गलियारा में हलचल तेज हो गइल बा।
अब डॉक्टरन के सलाह पs पप्पू यादव के PMCH रेफर कइल गइल बा, जहां उनकर बेहतर इलाज करावल जाई। ममिला सामने अइला के बाद गिरफ्तारी आ इलाज के बेवस्था पs कइयन तरे के सवाल उठ रहल बा।
Read Also: 07 फरवरी 2026 के राशिफल







