मिर्जापुर। देस के महान शास्त्रीय गायक आ पद्मविभूषण से सम्मानित पंडित छन्नूलाल मिश्र के निधन हाे गइल बा। 89 बरिस के उमिर में ऊ बियफे के भोर में 4.15 बजे आपन बेटी नम्रता के मिर्जापुर इस्थित घर पs अंतिम सांस लेलें। ऊ पिछला कइयन महीना से बेमार चलत रहलें। वाराणसी के बीएचयू अस्पताल में 17 दिन तक भर्ती रहला के बाद इलाज सफल ना हो सकल।
पीएम मोदी आ सीएम योगी देलें श्रद्धांजलि
सुप्रसिद्ध शास्त्रीय गायक पंडित छन्नूलाल मिश्र जी के निधन से अत्यंत दुख हुआ है। वे जीवनपर्यंत भारतीय कला और संस्कृति की समृद्धि के लिए समर्पित रहे। उन्होंने शास्त्रीय संगीत को जन-जन तक पहुंचाने के साथ ही भारतीय परंपरा को विश्व पटल पर प्रतिष्ठित करने में भी अपना अमूल्य योगदान… pic.twitter.com/tw8jb5iXu7
— Narendra Modi (@narendramodi) October 2, 2025
पंडित छन्नूलाल मिश्र के निधन पs प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आ यूपी के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ गहिराह दुख जतावल लोग। पीएम मोदी कहलें कि “छन्नूलाल जी के योगदान भारतीय संगीत जगत खातिर अमूल्य रहल बा।” आज सांझि खा काशी के मणिकर्णिका घाट पर उनकर अंतिम संस्कार कइल जाई।
भारतीय शास्त्रीय संगीत के मर्मज्ञ, ‘पद्म विभूषण’ प्रख्यात शास्त्रीय गायक पंडित छन्नूलाल मिश्र जी का निधन अत्यंत दुःखद एवं शास्त्रीय संगीत विधा की अपूरणीय क्षति है। उन्हें विनम्र श्रद्धांजलि!
आपने अपना पूरा जीवन भारतीय शास्त्रीय गीत-संगीत के उत्थान में समर्पित कर दिया। आपका गायन…
— Yogi Adityanath (@myogiadityanath) October 2, 2025
पद्मविभूषण से सम्मानित
3 अगस्त 1936 के आजमगढ़ में जनमल पंडित छन्नूलाल मिश्र “खेले मसाने में होली…” गीत से देसभर में चर्चित भइलें। शास्त्रीय संगीत के सर्वोच्च मुकाम छुअला खातिर भारत सरकार उनकरा के पद्मविभूषण से सम्मानित कइलस।
विरासत में मिलल संगीत
छन्नूलाल मिश्र शास्त्रीय संगीत से जुड़ल परिवार से रहलें। उनकर पिता बद्री प्रसाद मिश्र संगीत उनका के बारीक कला सिखवले रहस। दादा महाराज शांता प्रसाद खुद प्रसिद्ध तबला वादक रहलें।
7 महीना से बीमार रहलें
छन्नूलाल मिश्र सात महीना से बीमार चलत रहलें। बीएचयू अस्पताल में भर्ती रहला के बाद तबियत में सुधार ना भइल आ आखिरकार बेटी के घर पर ऊ अंतिम सांस लिहलें।
गंभीर बीमारी से ग्रस्त
डॉक्टरन के मोताबिक पंडित छन्नूलाल मिश्र “एक्यूट रेस्पिरेट्री डिस्ट्रेस सिंड्रोम” से पीड़ित रहलें। ई बीमारी में फेफड़ा में तेज सूजन हो जाला। एकरा संगे-संगे ऊ डायबिटीज, ब्लड प्रेशर, ओस्टियोआर्थराइटिस आ प्रोस्टेट समस्या से जूझत रहलें।
पीएम मोदी से रहे करीबी नाता
2014 के लोकसभा चुनाव में जवना बेरा नरेंद्र मोदी वाराणसी से नामांकन भरले रहस, तब ओह बेरा पंडित छन्नूलाल मिश्र उनकर प्रस्तावक बनल रहलें। मोदी आ छन्नूलाल के रिश्ता बहुते नजदीकी रहल।
Read Also: RBI MPC Announcements : रेपो रेट 5.5% पs इस्थिर, लोन EMI जस के तस रही