गोरखपुर : डीएवी पीजी कॉलेज गोरखपुर में नया प्रवेश लेवे वाला विद्यार्थियन खातिर राष्ट्रीय शिक्षा नीति 2020 (NEP 2020) पs आधारित अभिविन्यास कार्यक्रम के आयोजन कइल गइल। एह अवसर पs मुख्य अतिथि के रूप में दीन दयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के प्रति कुलपति प्रो. शांतनु रस्तोगी छात्रन के संबोधित कइलें।
विद्यार्थियन से अनुशासन आ उपस्थिति पs जोर
प्रो. रस्तोगी कहलें कि नया शिक्षा नीति ज्ञान, कौशल आ मूल्यन से सुसज्जित बा। ऊ विद्यार्थियन के स्वामी दयानंद के विचारन के आत्मसात करे के प्रेरणा देलें आ अनुशासन आउर नियमित पठन-पाठन पs विशेष बल देलें। ऊ स्पष्ट कइलें कि कक्षा में 75% उपस्थिति अनिवार्य बा।
एनईपी 2020 पs विस्तृत चर्चा
अपना संबोधन में प्रो. रस्तोगी राष्ट्रीय शिक्षा नीति 2020 के उद्देश्यन आ गुणवत्ता पs विस्तार से प्रकाश डललें। ऊ कहलें कि ई नीति भारत के बरिस 2047 तक विकसित राष्ट्र बनावे के परिकल्पना के आधार बा।
कार्यक्रम के सुरुआत आ स्वागत
कार्यक्रम के सुभारंभ छात्रा तृप्ति आ खुशी सरस्वती वंदना से कइल लोग। स्वागत गीत पूर्णिमा सिंह प्रस्तुत कइली। प्राचार्य प्रो. शैल पांडे मुख्य अतिथि के स्वागत करत कहलें कि उनका उपस्थिति से महाविद्यालय परिवार गौरवान्वित बा।
दूसरा सत्र में डॉ. संजय कुमार पांडेय आ डॉ. विनोद गुप्ता पाठ्यक्रम, क्रेडिट प्रणाली आ एनईपी 2020 के आउर विशेषतन पs विस्तार से जानकारी देलें।
सम्मान आ सहभागिता
मुख्य अतिथि के स्वागत माल्यार्पण, अंगवस्त्र आ प्रतीक चिह्न देके कइल गइल। कार्यक्रम के संचालन डॉ. संजय कुमार मिश्र कइलें। एह अवसर पs महाविद्यालय के प्राध्यापक आ विद्यार्थी उपस्थित रहल लोग।