गुजरात: टीआरपी गेम जोन हादसा के बाद एक्शन मोड में सरकार, 6 अधिकारी सस्पेंड

Share

 

टीआरपी गेम जोन में आग लगला से 27 लोग के मउत हो गईल। एह हादसा के बाद सरकार लगातार एक्शन मोड में लागल बिया। अबे ले 6 अधिकारी के निलंबित कs दिहल गईल बा। बता दीं कि कार्रवाई करत घरी सरकार नगर निगम के सिटी प्लानर आ सिटी इंजीनियर के निलंबित कs देले रहे। एकरा बाद पथ निर्माण विभाग के डिप्टी इंजीनियर के भी निलंबित कs दिहल गईल। राजकोट पुलिस विभाग के दू गो निरीक्षकन के भी निलंबित कs दिहल गइल बा। एकरा संगे सड़क अवुरी आवास विभाग के एक्जीक्यूटिव इंजीनियर के भी निलंबित कs दिहल गईल बा। अब ले एह आग के घटना में 6 अधिकारी के निलंबित कs दिहल गईल बा।

सीएम स्थिति के जायजा लिहले

बता दीं कि राजकोट के कालावाड रोड पs स्थित टीआरपी गेमिंग जोन में आग लगला के बाद 27 लोग जिंदा जरि गइल. आग अतना भयावह रहे कि एह हादसा में जरे वाला लोग के पहचान तs कईल मुश्किल हो गईल। दुर्घटना के बाद से लगातार बचाव अभियान चलावल जा रहल बा। सीएम भूपेंद्र पटेल खुद एs पूरा घटना के निगरानी करतारे। दुर्घटना के बाद सीएम भूपेंद्र पटेल खुद गृहमंत्री के संगे मउका पs जाके स्थिति के जायजा लेले। एकरा संगे उs एs मामिला में कड़ा कार्रवाई के बात भी कईले।

टीआरपी गेम जोन में फायर एनओसी ना रहे

दुर्घटना के सीसीटीवी फुटेज भी सामने आइल बा। सीसीटीवी फुटेज देख के पता चलल कि एक्सटेंशन एरिया में वेल्डिंग के चलते आग लागल बा। आग लगला के बाद उहाँ मौजूद आग बुझावे वाला उपकरण के भी इस्तेमाल भईल, बाकीर आग एतना बढ़ गईल कि ओकरा पs काबू ना हो पावल। जांच में इहो पता चलल कि टीआरपी गेम जोन में फायर एनओसी ले ना रहे। स्थायी समिति के अध्यक्ष जैमिन ठाकर कहले कि एकरा खातिर जेकरा जिम्मेदार बा ओकरा के ना छोड़ल जाई।

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-