हरियाणाः पानीपत नेशनल हाईवे 44 पs बड़ हादसा, वाहनन पs गिरल 700 मीटर लंबा पाइप, दूर ले जाके गिरल शरीर के टुकड़ा

By Anurag Ranjan

Published on: May 28, 2024

  हरियाणा के पानीपत राष्ट्रीय राजमार्ग 44 पs एगो बड़हन हादसा हो गइल बा. इहाँ 700 मीटर लंबा लोहा के पाइप एक संगे कई गाड़ी प गिर के हलचल मच गईल। एs दौरान बहुत गाड़ी

Share

 

हरियाणा के पानीपत राष्ट्रीय राजमार्ग 44 पs एगो बड़हन हादसा हो गइल बा. इहाँ 700 मीटर लंबा लोहा के पाइप एक संगे कई गाड़ी प गिर के हलचल मच गईल। एs दौरान बहुत गाड़ी एs लोहा के पाइप से टकरा गईल, जवना में बहुत लोग गंभीर रूप से घाही हो गईले। हादसा एतना भयावह रहे कि कुछ लोग के लाश के टुकड़ा दूर-दूर ले गिर गईल।

बचाव के काम शुरू हो गईल

प्रशासन के ओर से बचाव कार्य शुरू हो गईल बा। शहर के बीच में भईल एs बड़ दुर्घटना के चलते अराजकता मचल बा। पुरान पाइप लाइन के दुर्घटना के कारण बतावल जाता। सभे घाही के पानीपत के सिविल अस्पताल पहुंचावल गईल बा। शहर में जाम लागल बा।p

मिलल जानकारी के मुताबिक पानीपत-चंडीगढ़ राजमार्ग पs एलिवेटेड हाईवे के संगे पुरान पाइप लाइन लगावल गईल। गाड़ियन पs गिरला के चलते ई हादसा भइल. एह पाइप के लंबाई लगभग 700 मीटर बतावल जाला। अचानक भईल एs दुर्घटना के चलते सड़क पs लंबा जाम लागल रहे।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.