गोरखपुर। डीएवी पीजी कॉलेज, गोरखपुर में राष्ट्रीय सेवा योजना (NSS) के दयानंद आ विवेकानंद इकाई द्वारा चल रहल सात दिन के विशेष शिविर के दुसरका दिन सड़क सुरक्षा पs आधारित कार्यक्रम आयोजित कइल गइल।
सबेरे योगाभ्यास आ शिविर स्थल के सफाई के बाद सब स्वयंसेवक तेलियाना टोला आ मुफ्तीपुर इलाका में सड़क सुरक्षा से जुड़ल जागरूकता रैली निकालल गइल। एह दौरान आदर्श अमन, सुमेर, रिया आ उनका टीम द्वारा सड़क सुरक्षा पs आधारित नुक्कड़ नाटक पेश कइल गइल, जवन लोगन के खूब जागरूक कइलस।
स्वयंसेवक लोग ओह राहगीरन से बात कइल जवन बिना हेलमेट के वाहन चलावत रहे लोग। ओह लोगन के हेलमेट पहिन के सुरक्षित ढंग से गाड़ी चलावे खातिर प्रेरित कइल गइल।
बौद्धिक सत्र में मुख्य अतिथि के रूप में दीन दयाल उपाध्याय गोरखपुर के अंग्रेजी विभाग के प्रोफेसर अवनीश राय मवजूद रहलें। ऊ सब स्वयंसेवक आ स्वयंसेविकन के मार्गदर्शन कइलें।
प्रो. अवनीश राय कहलें कि सड़क सुरक्षा बहुत संवेदनशील मुद्दा हs। जदि कवनो एगो आदमी के दुर्घटना में मौत हो जाला, तs ओकर असर खाली ओही आदमी पs ना पड़े, बलुक पूरा परिवार के भारी दुख झेले के पड़ेला। एकरा से हर नवहा के जिम्मेदारी बा कि ऊ समाज में जागरूकता फइलावे।
कार्यक्रम के आयोजन कार्यक्रम अधिकारी प्रतिभा गुप्ता के निर्देशन में भइल, जबकि मंच संचालन डॉ. शत्रुघ्न सिंह कइलें। एह मवका पs महाविद्यालय के शिक्षकगण आ कइयन गो स्वयंसेवक-स्वयंसेविकन के उपस्थिति से कार्यक्रम सफल बनल।
Read Also: Gorakhpur News : हर स्वयंसेवक के व्यक्तित्व ओकर सबसे बड़ सर्टिफिकेट होला : प्रो. कीर्ति पांडेय








