नई दिल्ली। राष्ट्रीय जांच एजेंसी (एनआईए) बियफे के अलग-अलग राज्यन में छापेमारी कइलस। जानकारी के मोताबिक, हरियाणा से लेके बिहार तक एजेंसी 22 अलग-अलग जगहन पs तलाशी अभियान चलवले बिया। ई पूरा ममिला हथियारन के अवैध तस्करी से जुड़ल बा।
न्यूज एजेंसी पीटीआई के सूत्रन के मोताबिक, एनआईए उत्तर प्रदेश से बिहार के अलग-अलग जगहन पs तस्करी के माध्यम से भेजल गइल हथियार से जुड़ल ममिला के जांच कs रहल बिया। अधिका जानकारी के इंतजार बा।
Read Also: UP Police SI Recruitment 2026 : दरोगा के लिखित परीक्षा के तारीख घोषित, 14-15 मार्च के होई आयोजन
Post Views: 15







