LPG Crisis :  एलपीजी किल्लत के बीच नया नियम, अब कुछ लोगन के ना मिली नया सिलिंडर, रिफिल पs रोक

LPG gas cylinders stacked at a distribution center as the Indian government enforces ECA to prevent hoarding

Share

नई दिल्ली। देस में एलपीजी गैस के किल्लत आ मिडिल ईस्ट में बढ़ल तनाव के चलते सरकार अब घरेलू रसोई गैस के लेके बड़ फैसला लेले बिया। नया नियम के मोताबिक अब कुछ खास लोगन के नया एलपीजी कनेक्शन ना मिली आ कइयन गो ममिलन में सिलिंडर के रिफिलिंग पs रोक लगा दिहल गइल बा। सरकार के कहनाम बा कि सीमित गैस संसाधन ओह लोग तक पहुंचे के चाहीं, जवन लोग पूरा तरे से एलपीजी पs निर्भर बा।

नया नियम के तहत जदि कवनो घर में पहिले से पाइप्ड नेचुरल गैस (PNG) कनेक्शन मवजूद बा, तs ओह घर के अब घरेलू एलपीजी कनेक्शन के सुविधा ना दिहल जाई। मतलब साफ बा कि PNG वाला उपभोक्ता अब ना तs नया एलपीजी कनेक्शन ले पइहें आ ना पुरान सिलिंडर के रिफिल करा पइहें।

एलपीजी कनेक्शन करे के पड़ी सरेंडर

सरकार साफ बतवले बिया कि जदि कवनो उपभोक्ता के लगे PNG आ LPG दुन्नो कनेक्शन एक संगे बा, तs ओह लोगन के तुरंत एलपीजी कनेक्शन सरेंडर करे के पड़ी। कनेक्शन सरेंडर कइला पs कवनो तरे के जुर्माना ना लागी, बाकिर नियम के उल्लंघन करे वाला पs कानूनी कार्रवाई हो सकेला।

काहे लिहल गइल ई फैसला

सरकार के मकसद देस में गैस संसाधन के सही आ बराबर वितरण करे के बा। सरकार चाहत बिया कि जवना लोग के  लगे PNG जइसन विकल्प मवजूद बा, ऊ लोग सिलिंडर छोड़ देवे ताकि सीमित एलपीजी ओह घर तक पहुंचे, जवन लोग पूरा तरे से गैस सिलिंडर पs निर्भर बा।

विशेषज्ञ का कहत बा लोग

विशेषज्ञन के मुताबिक मिडिल ईस्ट में बढ़त तनाव आ वैश्विक बाजार में गैस के कीमत बढ़े से घरेलू गैस आपूर्ति पर दबाव बढ़ गइल बा। एह कारण सरकार के ई डेग जरूरी मानल जा रहल बा।

सरकार उपभोक्तन से अपील कइले बिया कि जदि ओह लोगन के लगे PNG आ LPG दुन्नो कनेक्शन बा, तs जल्दी से आपन नजदीकी गैस एजेंसी भा कंपनी के पोर्टल पs जाके एलपीजी कनेक्शन सरेंडर कs देवे। एह प्रक्रिया के बाद ओह लोग के सिलिंडर के रिफिलिंग ना मिल पाई।

Read Also: UP SI exam controversy : एसआई परीक्षा में सवाल पs विवाद, सीएम योगी कहलें- आस्था पs टिप्पणी मत कइल जावs

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-