Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सिल्वर मेडल जीतले पs नीरज चोपड़ा के पहिला रिएक्शन आइल सामने, अपने इंजरी पs भी दिहले बड़ बयान

191
Google Ads 300*250 for posts

 

 

13वां दिन पेरिस ओलंपिक 2024 में भारत खातिर दू गो पदक मिलल, एगो कांस्य आ एगो रजत पदक. एह ओलंपिक में सगरी प्रशंसकन के उमेद रहुवे कि टोक्यो के तरह भाला फेंक के फाइनल में भाग लेबे वाला नीरज चोपड़ा स्वर्ण पदक जीते में सफल होखीहें बाकिर पदक इवेंट में ऊ 89.45 मीटर के दूरी पs फेंक के रजत पदक जीत लिहले . एह स्पर्धा में नीरज कुल 6 गो प्रयास में पांच गो फाउल कइले बाकिर दुसरका कोशिश में ऊ 89.45 मीटर के भाला फेंके में कामयाब हो गइलन. रजत पदक जीतला के बाद नीरज के पहिला रिएक्शन भी सामने आइल बा जवना में उs अपना चोट के बात भी कईले।

पेरिस ओलंपिक 2024 में रजत पदक जीतला के बाद पीटीआई के दिहल बयान में नीरज चोपड़ा कहले बाड़न कि जब भी ऊ फेंके खातिर दौड़ लगावे लगेलें तs उनकर 60 से 70 फीसदी ध्यान चोट पs रहेला. आज मेडल इवेंट में हमार दौड़ बढ़िया ना रहे आ गति भी तनी धीमा रहे। हम जवन कुछ कइले बानी ऊ एह समस्या से जूझत घरी भइल बानी. सर्जरी करावे के समय ना रहे एह से हम लगातार अपना के धक्का देत रहनी।

पहिला बेर अरशद नदीम से हार गइल बानी

जेवेलिन थ्रो के एह पदक इवेंट में पाकिस्तान के अरशद नदीम स्वर्ण पदक जीते में कामयाब हो गइलन जे 92.97 मीटर फेंकलन जवन ओलंपिक के इतिहास के सबले ऊँच दूरी के फेंक भी रहल. नीरज चोपड़ा भी अरशद के एह थ्रो पs प्रतिक्रिया देत कहले कि हम 2010 से अरशद के खिलाफ खेलत बानी आ आजु पहिला बेर हार गइल बानी. ई एगो खेल हs आ हमनी के एकरा के स्वीकार करे के चाहीं. जबले हमनी के देह में ताकत रही तबले एशियाई वर्चस्व बनवले राखे के कोशिश करब जा.

 

 

 

922430cookie-checkसिल्वर मेडल जीतले पs नीरज चोपड़ा के पहिला रिएक्शन आइल सामने, अपने इंजरी पs भी दिहले बड़ बयान

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.