स्पोर्ट्स डेस्क। दू बेर के ओलंपिक पदक विजेता भारत के स्टार भाला फेंक एथलीट नीरज चोपड़ा भारतीय सेना में लेफ्टिनेंट कर्नल बन गइल बाड़ें। रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह आ थल सेना अध्यक्ष उपेंद्र द्विवेदी नीरज के ई उपाधि दिहल लोग। रक्षा मंत्री आ थल सेना अध्यक्ष के मवजूदगी में नीरज के लेफ्टिनेंट कर्नल ले मानद उपाधि दिहल गइल। नीरज एह दौरान सेना के वर्दी में नजर अइलें।
लगातार दू ओलंपिक में जीतले बाड़ें पदक
हरियाणा के पानीपत के पास खंडरा गांव के रहे वाला 27 बरिस के भाला फेंक एथलीट टोक्यो ओलंपिक 2020 में स्वर्ण पदक जीतले रहस। पेरिस ओलंपिक 2024 में ऊ रजत पदक हासिल कइले रहस। ओह साल नीरज चोपड़ा के प्रादेशिक सेना में लेफ्टिनेंट कर्नल के मानद रैंक दिहल गइल रहे, बाकिर बुध के समारोह के दौरान उनका के उपाधि दिहल गइल। नीरज एकरा से पहिले भारतीय सेना में सूबेदार मेजर रहस। नीरज से पहिले भारतीय क्रिकेटर महेंद्र सिंह धोनी के 2011 में प्रादेशिक सेना में लेफ्टिनेंट कर्नल के मानद पद दिहल गइल रहे।
एह साल मई में रक्षा मंत्रालय के सैन्य ममिलन के विभाग अधिसूचना जारी करत नीरज के लेफ्टिनेंट कर्नल बने के जानकारी दिहल गइल रहे। अधिसूचना में कहल गइल रहे, प्रादेशिक सेना विनियम 1948 के पैरा-31 द्वारा प्रदत्त शक्तियन के प्रयोग करत राष्ट्रपति हरियाणा के पानीपत के गांव आ डाकघर खंडरा के पीवीएसएम, पद्मश्री, वीएसएम पूर्व सूबेदार मेजर नीरज चोपड़ा के 16 अप्रिल 2025 से प्रादेशिक सेना में लेफ्टिनेंट कर्नल के मानद पद प्रदान करत बाड़ी।
एह सीजन अच्छा नइखे रहल नीरज के प्रदर्शन
नीरज चोपड़ा खातिर मवजूदा सत्र अच्छा ना रहल रहे। ऊ डायमंड लीग खिताब ना जीत सकल रहस आ विश्व एथलेटिक्स चैंपियनशिप में स्वर्ण पदक के बचाव ना कs सकल रहस। नीरज विश्व चैंपियनशिप में 84.03 मीटर के सर्वश्रेष्ठ थ्रो कइले रहस आ अंतिम प्रयास खातिर क्वालिफाइयो ना कs सकल रहस।