Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

‘कौन बनेगा करोड़पति 16’ में 1 करोड़ के सवाल तक पहुंचे वाली पहिला कंटेस्‍टेंट बनली सवाई माधोपुर के नरेशी मीना

1,144
Google Ads 300*250 for posts

‘कौन बनेगा करोड़पति 16’ के पहिला प्रतियोगी मिलल बा जे एक करोड़ रुपिया के सवाल पर चहुँप गइल बा। सवाई माधोपुरी के नरेशी मीना एह कारनामा के हासिल कइले बाड़ी। ब्रेन ट्यूमर से लड़ाई जीत चुकल एह 27 साल के लईकी के आत्मविश्वास देख के अमिताभ बच्चनो स्तब्ध हो गइल बाड़े।

टीवी के सबसे लोकप्रिय रियलिटी गेम शो ‘कौन बनेगा करोड़पति 16’ जोर शोर से चल रहल बा। अमिताभ बच्चन शो के होस्टिंग करत बाड़न आ एह सीजन में पहिला प्रतियोगी मिल गइल बा जे एक करोड़ रुपिया के सवाल पर चहुँप गइल बा। राजस्थान के सवाई माधोपुर के नरेशी मीना इ चमत्कार कइले बाड़ी। शो के आवे वाला एपिसोड में बिग बी 27 साल के नरेशी मीना से एक करोड़ रुपया के सवाल पूछी। हालांकि रउरा एपिसोड के इंतजार करे के पड़ी कि उऽ करोड़पति बन जइहें कि ना।

‘केबीसी’ के एह सीजन के थीम बा ‘जीवन बा, हर मोड़ पर सवाल पूछी, जवाब देबे के पड़ी’। बुध 21 अगस्त के एपिसोड में नरेशी मीना अमिताभ बच्चन का सोझा हॉट सीट पर रहीहें। उऽ एह शो में अपना गंभीर बेमारी समेत अपना जिनिगी बदले वाली चुनौतियन का बारे में बतवली। नरेशी के आत्मविश्वास अवुरी चेहरा प मुस्कान देख के अमिताभ बच्चन प्रभावित रहले।

नरेशी मीना ब्रेन ट्यूमर से पीड़ित बाड़ी

नरेशी मीना 20 अगस्त मंगर के रात में हॉट सीट पs पहुंच गइल बाड़ी। अब उनका 21 अगस्त के एपिसोड में केबीसी में सवालन के बरखा के सामना करे के पड़ी। ब्रेन ट्यूमर से पीड़ित होखला के बावजूद नरेशी अपना ताकत से जीवन के हर बाधा के सामना कइले बाड़ी। उऽ महिला सशक्तिकरण विभाग में सुपरवाइजर के रूप में काम कर रहल बाड़ी। उनकर कहनाम बा कि अपना सफर के माध्यम से उऽ महिला आ लइकियन के आवे वाला अवसर के लाभ  उठावे खातिर सशक्त बनावल चाहतारी।

सपना बा कि जीतल पइसा से माई के गहना वापस ले आवल जाव 

शो में अमिताभ तनी भावुक हो जाले जब नरेशी बतावेले कि गेम शो में जीतल पइसा से उ का करीहें। उनकर कहनाम बा कि उनका बेमारी के इलाज खातिर उनकर माई गहना गिरवी रखले बाड़ी। उऽ जीतल पइसा से गिरवी राखल गहना वापस लेबे के चाहऽ ताड़ी। नरेशी के बाबूजी एगो साधारण किसान हउवें। उ हमेशा बेटी के पढ़ाई प जोर देत रहले।

934700cookie-check‘कौन बनेगा करोड़पति 16’ में 1 करोड़ के सवाल तक पहुंचे वाली पहिला कंटेस्‍टेंट बनली सवाई माधोपुर के नरेशी मीना

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.