Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

दुनिया के सबसे भूतिहर गांव कुलधरा, एकहि दिन में गायब हो गइलऽ सउँसे गांव, खंडहर में अब बा भूतन के वास!

1,462

Kuldhara Haunted Village: राजस्थान में जेतना सुघर- सुघर जगहा बाड़ी सs ,ओतने भूतिया जगहो बाड़ी सs। जैसलमेर के लगवा बसल इ भूतिया गांव 200 साल से वीरान बिया। एगो श्राप के कारन इ गांव सुनसान हो गइलऽ। इहवां खाली राति मे ही ना दिनवो में जाए में रउवा मे डर लागी।रा

जा-महाराजान के राज्य कहलाए वाला राजस्थान अपने -आप में केतना खूबसूरती के समेटले बा। रेगिस्तान के बीच किला आ प्राचीन महल के देखे दूर-दराज से लोग चहुपेले। इहवां के कलाकृति जेतना लोग के लुभाए ला, उहवें इहां के भूतिया गांव लोगन के डेरवावे ला। भारत के सबसे डरावना किला हऽ, भानगढ़ के किला ,उहो राजस्थान में ही बा तऽ उहवें एगो भूतिया गांव कुलधरा भी राजस्थान के विरासत हऽ। इ गांव के लेके अइसन कहानि प्रचलित बा कि लोग रात का, दिनो मे इहवां जाए से डेराय ला। रेगिस्तान के बीच कय किलोमीटर ले फइलल एह खंडहर खाली सन्नाटा आ डेरववान बा।

राजस्थान के भूतिया गांवजै

सलमेर से करीब 17 किलोमीटर दूरी पs स्थित एह खंडहर के लेके कय कहानि प्रचलित बा। जहवां ले नजर जाला , उहेवां ले खाली खंडहरे खंडहरे , सन्नाटा, सनातन, रेगिस्तान के खालीपन लउके ला। टूटल मकान, टूटल दीवार भय के अउरी बढ़ा देवे ला। सांझ 6 बजे के बाद यहवां कोई ना आवे ला ना जाए ला। लोगन खातिर रहस्य बनल इ गांव अपना भीतर कय गो कहानिय के समेटले बिया। गांव के मिलल एगो सराप के कारण आजले इ गांव खाली पड़ल बिया। कोइयो इहवां ना आए जाएला।

बात 200 साल से भी पुरान बा। राजस्थान के कुलधरा गांव हमेशा से विरान ना रहे। कबो इहवों खुसी रहे, चहल-पहल रहलऽ करत रहे। मान्यता आ लोक कहानियन के हिसाब से एह गांव के पालीवाल ब्राह्मण बसवले रहे। 5000 से बेसी लोग एह गांव में रहत रहे। खेती-बाड़ी कई के अपना जीवन चलावत रहले। ओह रियासत के दीवान सालम सिंह बड़हन अय्याश आ मक्कार रहले। ओकर खराब नजर गांव के प्रधान के सुर्घर बेटी पs रहे। दीवान ओह लइकी के पीछे एह तरे पागल भइल कि कवनो भी हद से गुजर जाए के तइयार हो गइलऽ। उऽ गांव वालन के संदेश भेजवइलख कि उऽ लोग लइकी के ओकरा के सौंप देवे, ना तऽ अंजाम बुरा होइ। सत्ता के मद में चूर दीवान लइकी के पाए खातिर धमकी देलखऽ की जदि गांववाले पूर्णमासी ले उऽ ओह लइकी के ना सउऽपले तऽ उऽ हमला कऽ उऽ लइकी के उठा ले जाई आ गांव वालन से दोगुना लगान वसूली।

राते-रात गायब हो गइलऽ रहे गांव

वान के धमकी के बाद गांव वालन लइकी के सम्मान ला एकजुट हो ओकरा खिलाफ खड़ा हो गइले। गांववालन पंचायत बुलावले आ लइकी आ आपन इज्जत बचाए खातिर रातों-रात गांव खाली करे के फइसला कइले। सलीम सिंह के अत्याचार से परेशान होइ के कुलधरा गांव के लोग रातवे मे गांव छोड़कर चल देले। गांव से जात-जात ब्राह्मण एह गांव के साराप देले कि उहवाँ कबो कोई भी आदमी ना बस पाई। जेकरे बाद से उऽ कुलधरा गांव वीरान हो गइलऽ। लोगन के कहनाम बा कि कुछ लोग एह कहानि पs भरोसा ना कई उहवाँ बसे के कोशिश भी कइले, बाकी उनकरो संगे अनहोनी हो गइलऽ, जेकरा बाद से फेरू कोई उहवाँ ना बसल। कहल जाला खाली पड़े गांव में रूहानी ताकतन के कब्जा बा। उहवाँ रहे वालन पालीवाल ब्राह्मनन के आहट आजुवो उहाँ सुनाई देवेला। मेहरारूअन मे चूड़ि, पायलन के आवाज रात में सुनाई देवे ला।

6 बजे के बाद कोई ना जाला।

सरकारो एह इलाका के बसावे के कोशिश कइलख, बाकी नाकाम रहल। कुलधरा आ ओकरा पास के गाँव खाभा तमाम कोसिसन के बादो आजले आबाद नइखे भइल। इ गांव के अब भारतीय पुरातत्व विभाग अपना संरक्षण में ले लेले बिया। प्रशासन से सुरक्षा के लिहाज से गांव के मुंहाने पs बड़हन फाटक लगवा देवलऽ गइलऽ बा। कोइयो उऽ फाटक के लाँघे के कोशिश ना करेला। हालांकि सैलानियन खातिर दिन के समय खुला रहे ला। भोर के 8 बजे से सांझ के 6 बजे ले पर्यटक यहवां घूमे आ सकत बाड़े।

 

 

 

 

 

 

 

 

734080cookie-checkदुनिया के सबसे भूतिहर गांव कुलधरा, एकहि दिन में गायब हो गइलऽ सउँसे गांव, खंडहर में अब बा भूतन के वास!

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.