पटना। 31 साल पुरान एगो ममिला में गिरफ्तार सांसद पप्पू यादव के कोर्ट के आदेस पs दू दिन खातिर न्यायिक हिरासत में भेज दिहल गइल बा। गिरफ्तारी के बाद उनका के पटना सिविल कोर्ट में पेश कइल गइल, जहां सुनवाई पूरा होखला पs अदालत ज्यूडिशियल कस्टडी में भेजे के आदेस दे देलस। कोर्ट स्वास्थ्य इस्थिति के धेयान में रखत जेल भेजे से पहिले इलाज के इंतजाम करे के निरदेस देलस। प्रशासन के मोताबिक, सांसद पप्पू यादव के इलाज पटना मेडिकल कॉलेज अस्पताल में करावल जाई।
जानकारी के मोताबिक, पप्पू यादव के गिरफ्तारी पटना से भइल रहे। ममिला करीब 31 साल पुरान बा, जवन अभी कोर्ट में लंबित बा। पुलिस कानूनी प्रक्रिया पूरा करत उनका के गिरफ्तार कइलस आ सीधे सिविल कोर्ट ले आइल। पेशी के दौरान कोर्ट परिसर में कड़ा सुरक्षा इंतजाम कइल गइल रहे, ताकि कवनो अप्रिय इस्थिति पैदा ना होखे।
सुनवाई के दौरान अदालत में दूनो पक्षन के दलील सुनल गइल। ममिला के गंभीरता देखत कोर्ट सांसद पप्पू यादव के ज्यूडिशियल कस्टडी में भेजे के आदेश दे देलस। एकरा बाद उनका के बेउर केंद्रीय कारागार भेजे के प्रक्रिया सुरू भइल। हालांकि अदालत साफ निरदेस देलस कि सांसद के इलाज में कवनो तरह के लापरवाही ना होखे। जरूरत पड़ला पs उनका के अस्पताल में भरती करावल जाई।
प्रशासनिक सूत्र बतावत बा लाेग कि पप्पू यादव के पहिला मेडिकल जांच खातिर PMCH ले जाइल गइल। डॉक्टरन के टीम लगातार उनकर तबीयत पs नजर बनवले बिया। इलाज पूरा होखला के बादे जेल शिफ्टिंग आ आगे के कानूनी कार्रवाई पs फैसला लिहल जाई। अस्पताल परिसर में सुरक्षा के पुख्ता इंतजाम कइल गइल बा।
सांसद के गिरफ्तारी के बाद बिहार के राजनीतिक गलियारन में हलचल तेज हो गइल बा। समर्थक पूरा ममिला पs नजर बनवले बा लोग। अब 9 फरवरी के उनकर जमानत अर्जी पs सुनवाई होखे वाला बा, जवन आगे के सियासी माहौल के दिशा तय कs सकेला।







