नई दिल्ली। अमेरिका के टेक्सस राज्य में गैलवेस्टन के लगे मेक्सिको के नौसेना (Mexican Navy) के एगो विमान अचानक दुर्घटनाग्रस्त हो गइल। एह दर्दनाक हादसा में अभी तक कम से कम 5 लोग के मौत के पुष्टि भइल बा, जबकि बाकी लोगन के खोज खातिर रेस्क्यू ऑपरेशन जारी बा। बतावल जा रहल बा कि विमान मेडिकल मिशन पs रहे आ एगो बेमार जुवक के अस्पताल ले जात रहे।
विमान में नौसेना अधिकारी आ आम नागरिक सवार रहे लोग
मेक्सिको नेवी के बयान के मोताबिक, विमान में 4 नौसेना अधिकारी, एगो बच्चा आ 4 आम नागरिक सवार रहे लोग। हादसा के बाद नेवी कहलस कि अभी ई बतावल मुश्किल बा कि मरल लोगन में के के सामिल बा। ओहिजा, अमेरिकी कोस्ट गार्ड विमान क्रैश में 5 लोगन के मौत के आधिकारिक पुष्टि कइले बा।
समुंदर में गिरल मलबा के तलाश जारी
ई हादसा सोमार के दुपहरिया गैलवेस्टन के लगे टेक्सस तट पs भइल। प्लेन क्रैश होखते स्थानीय प्रशासन, शेरिफ ऑफिस आ कोस्ट गार्ड मौका पs पहुंच के खोज आ बचाव अभियान सुरू क दिहल। आशंका जतावल जा रहल बा कि कुछ लोग पानी में गिर गइल होई, जेकर तलाश जारी बा।
हादसा के कारण अभी साफ नइखे
फिलहाल विमान दुर्घटना के असल वजह सामने नइखे आइल। पुलिस आ संबंधित एजेंसी पूरा ममिला के जांच में जुटल बाड़ी सs। गैलवेस्टन शेरिफ ऑफिस कहले बा कि, “हादसा के जांच कइल जा रहल बा। जइसे-जइसे नया जानकारी मिली, ओकरा के सार्वजनिक कइल जाई।”
खराब मौसम बनल कारण?
गैलवेस्टन एगो खूबसूरत आइलैंड बा, जवन अपना समुद्री बीच खातिर जानल जाला। पिछला कुछ दिन से एह इलाका में घना कोहरा छाइल बा। एहसे अटकल लगावल जा रहल बा कि खराब मौसम हादसा के कारण हो सकेला, हालांकि अभी एकर आधिकारिक पुष्टि नइखे भइल। मेक्सिको नेवी आ अमेरिकी एजेंसी हर पहलू पs जांच कs रहल बाड़ी सs।
Read Also: Deoria News : राम भरत मिलाप प्रसंग सुन श्रद्धालुअन के छलकल लोर









