UP Road Accident : कोहरा के कहर! लखनऊ-वाराणसी हाईवे पs कइयन गो वाहन टकराइल, 2 लोगन के मौत;10 घायल

By Shweta Supriya

Published on: Dec 23, 2025

अमेठी। UP Road Accident : लखनऊ-वाराणसी हाईवे पs मुसाफिरखाना नगर के मंगलम स्कूल के लगे घना कोहरा के चलते भीषण हादसा हो गइल। एह दुर्घटना में दुगो लोग के मौत हो गइल, जबकि करीब 10

Share

Multiple vehicles collided due to dense fog on Lucknow Varanasi Highway in Amethi

अमेठी। UP Road Accident : लखनऊ-वाराणसी हाईवे पs मुसाफिरखाना नगर के मंगलम स्कूल के लगे घना कोहरा के चलते भीषण हादसा हो गइल। एह दुर्घटना में दुगो लोग के मौत हो गइल, जबकि करीब 10 लोग गंभीर रूप से घायल हो गइल बा। कोहरा एतना घना रहे कि कइयन गो वाहन आपस में टकरा गइल।

जानकारी मोताबिक, लखनऊ-वाराणसी राष्ट्रीय राजमार्ग पs अमेठी रोड ओवरब्रिज पs चार ट्रक, एगो कार आ हरदोई डिपो के जनरथ बस घना कोहरा के चलते आपस में भिड़ गइल। हादसा के बाद राहत आ बचाव खातिर तीन हाइड्रा आ चार गो जेसीबी लगावल गइल।

हादसा के सूचना मिलतही मवका पs अपर पुलिस अधीक्षक ज्ञानेंद्र सिंह, सीओ अतुल सिंह, एसडीएम अभिनव कनौजिया आ तहसीलदार राहुल सिंह पहुंच गइलें आ हालात के जायजा लेलें।

घायलन के जिला अस्पताल कइल गइल रेफर

हादसा में घायल सब लोगन के मुसाफिरखाना सीएचसी से जिला अस्पताल रेफर कइल गइल बा। डॉक्टरन के मोताबिक, सब घायलन के हालत गंभीर बतावल जा रहल बा। ई हादसा रात करीब ढाई बजे भइल। दुर्घटना के बाद हाईवे पs दुनो तरफ गाड़ियन के लमहर जाम लाग गइल।

Read Also: Plane Crash : अमेरिका में मेक्सिको नेवी के विमान क्रैश, 5 के मौत; मेडिकल मिशन पs रहे प्लेन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.