लखनऊ: जबरन धरम बदले के विरोध पर प्रेमिका के चौथा मंजिल से नीचे फेंकलस, युवती के मौत, आरोपी फरार

Share

लखनऊ के दुबग्गा में जबरन धर्मांतरण के विरोध पर प्रेमी प्रेमिका के चौथी मंजिल से नीचे फेंक दिहलें। गंभीर रूप से घायल युवती के अस्पताल में भर्ती करावल गइल। इहां कुछ देर बाद इलाज के दौरान उनकर मौत हो गइल। उहवें, वारदात के बाद आरोपी फरार हो गइल। पीड़िता के परिजन के तहरीर पर हत्या अउर जबरन धर्म परिवर्तन करावे के केस दर्ज कइल गइल बा।
दुबग्गा के डूडा कॉलोनी में निधि गुप्ता (19) परिवार सहित रहत रहली। उमकर लगही के ब्लॉक नंबर-40 मेंं रहे वाले सूफियान नाम के युवक से प्रेम संबंध रहल। पुलिस के मुताबिक, कुछ दिन पहिले सूफियान ओके मोबाइल फोन दिहले रहनें। ई बात मंगर के परिजन लोग के पता चल गइल। एकर शिकायत करे ऊ सूफियान के घर पहुंचलें, त दूनों परिवार में कहासुनी भइल। एही बीच युवती छत पर चल गइली। ओकरे पीछे-पीछे सूफियान भी गइल। युवती के परिजन के आरोप बा कि सूफियान युवती के छत से नीचे फेंक दिहलस।

धर्म परिवर्तन करावे के कई दिन से बनावत रहल दबाव

परिजन के मुताबिक, हाईस्कूल पास निधि ब्यूटी पार्लर में काम सीखत रहली। सूफियान ओकर धर्म परिवर्तन कs के मुस्लिम रीति-रिवाज से निकाह कइल चाहत रहे। एकरे खातिर ऊ कई दिन से दबाव बनावत रहे। जबकि, निधि एकर विरोध करत रहे।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-