नई दिल्ली। फ्रांस के राजधानी पेरिस के प्रतिष्ठित लूव्र म्यूजियम में हाले में भइल हाई-प्रोफाइल चोरी ममिला में पुलिस के अहम सफलता मिलल बा। कीमती आभूषण चोरी केस में फ्रेंच पुलिस दूगो संदिग्धन के गिरफ्तार कइले बिया। हालांकि, दूनो संदिग्धन के पहचान अभी तक सार्वजनिक नइखे कइल गइल।
हवाई अड्डा से पकड़ल गइल पहिला संदिग्ध
रिपोर्ट के अनुसार, पुलिस सनिचर के रात पेरिस-चार्ल्स डी गॉल एयरपोर्ट से एक संदिग्ध को ओह समय हिरासत में लेलस, जब ऊ बिदेस भागे के कोसिस करत रहे। दूसरका आरोपी तनिका देर बाद पेरिस शहर से पकड़ लिहल गइल।
कइसे भइल करोड़न के चोरी?
चोर म्यूजियम खुलला के कुछे समय बाद ऊपरी मंजिल के जंगला तोड़के अंदर प्रवेश कइलें सs आ 8 मूल्यवान रत्न चोरी कs लेलें सs। एह रत्नन के कीमत लगभग 10.2 करोड़ डॉलर (₹850 करोड़ से जादे) आंकल गइल बा। चोरी कइला के बाद चोर मोटरसाइकिल पs फरार हो गइल, जवना के बाद देसभर में तलाशी अभियान चलावल गइल।
वायरल भइल चोरन के तस्वीर
चोरी के कुछे समय बाद एसोसिएटेड प्रेस के फोटोग्राफर थिबॉल्ट कामू पेरिस के सड़कन पs एगो संदिग्ध जुवक के तस्वीर खींचलें, जवन पुलिस के लगे से गुजरता दिखल। हालांकि तस्वीर में व्यक्ति स्पष्ट ना लउकत रहे, एकरा बादो सोशल मीडिया पs तेजी से वायरल हो गइल।
Telegram CEO बोललें- ” हम किनके वापस देम!”
चोरी के घटना के बाद एगो चउकावे वाला बयान टेलीग्राम के CEO पावेल डुरोव के ओर से सामने आइल। ऊ कहलें:
> “चोरी भइल आभूषणन के किनके ओकरा के वापस लूव्र म्यूजियम के दान करे में हमरा खुसी होई… हमार मतलब लूव्र संग्रहालय से बा- ओकरा से केहू चोरी ना करेला।” उनकर ई बयान सोशल मीडिया में नया बहस छेड़ देले बा।
जांच में संगठित अपराध के आशंका
फ्रांसीसी अधिकारियन के माने के बा कि ई कवनो अंतरराष्ट्रीय संगठित अपराध गिरोह के बड़ साजिश हो सकत बा। फिलहाल जांच जारी बा आ पुलिस आउर आरोपियन के तलाश में जुटल बिया।







