[the_ad_group id="30365"]

Ranchi News : झारखंड में लईकन के संक्रमित खून चढ़वला पs CM के एक्शन: कर्मचारी सस्पेंड, पीड़ित परिवार के मिली 2 लाख के मदद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रांची। पश्चिमी सिंहभूम जिला के चाईबासा में थैलेसीमिया से पीड़ित लईकन के एचआईवी संक्रमित खून चढ़ावे के ममिला सामने अइला के बाद मुख्यमंत्री हेमंत सोरेन बड़ कार्रवाई कइले बाड़ें। मुख्यमंत्री सिविल सर्जन सहित संबंधित पदाधिकारी लोग के निलंबित करे के आदेस दे देले बाड़ें।

संगही, पीड़ित लईकन के परिवार के 2-2 लाख रुपिया सहायता देवे आ ओकर इलाज के पूरा खर्चा राज्य सरकार उठाई- इहो घोषणा कइल गइल बा।

सीएम एक्स पs लिखलें कि चाईबासा के घटना पs तत्काल कार्रवाई कs दिहल गइल बा। राज्य सरकार पीड़ित लईकन के पूरा इलाज कराई आ जिम्मेदार अधिकारी-कर्मचारी पs कड़ा कार्रवाई होई।

बता दीं कि चाईबासा सदर अस्पताल फेर आपन लापरवाही से सुखिर्यन में बा। कुछ दिन पहिलही ब्लड बैंक के गंभीर गलती से थैलेसीमिया पीड़ित पांच-छव लईकन में एचआईवी संक्रमण पुष्ट भइल रहे। घटना के बाद से प्रशासन में हड़कंप मच गइल बा।

मुख्यमंत्री राज्य के सब ब्लड बैंकन के ऑडिट पांच दिन में कs के रिपोर्ट देवे के निरदेस देले बाड़ें, जवना से फेर अइसन घटना ना हो सके।

पूरा जिला में स्वास्थ्य बेवस्था पs सवाल उठल बा आ लोगन में बड़ गुस्सा देखल जा रहल बा। सरकार साफ कहले बिया कि कसूरवार लोगन के छोड़ल ना जाई।

कोर्ट के दखल

थैलेसीमिया पीड़ित लईकन के संक्रमित खून चढ़ावे वाला गंभीर ममिला पs झारखंड हाईकोर्ट स्वतः संज्ञान लेके जांच के आदेस देले रहे। एकरा बाद राज्य सरकार के पांच सदस्यीय टीम चाईबासा पहुंच के जांच सुरू कइले बिया।

जांच में ब्लड बैंक में भारी अनियमितता मिले के बात सामने आइल बा। चिंताजनक बात ई बा कि छव गो लईकन में एचआईवी संक्रमण मिले के आशंका जतावल जा रहल बा- सब लईका छव से 8 बरिस के बा लोग।

प्रारंभिक रिपोर्ट में सामने आइल बा कि कुल 56 थैलेसीमिया लईकन के रक्त चढ़ावल गइल रहे, एकरा में से छव गो लईकन के एचआईवी संक्रमित पावल गइल।

Read Also: KKR Head Coach Appointment : कोलकाता नाइट राइडर्स के मिलल नया हेड कोच, गौतम गंभीर के दोस्त के मिलल जिम्मेदारी

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]