[the_ad_group id="30365"]

UP News : यूपी में बन सकेला एगो आउर नया जिला, योगी सरकार मंगलस रिपोर्ट, जानीं का रही नाम

UP News: सीएम योगी
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लखनऊ : उत्तर प्रदेश में अब एगो आउर नया जिला बने के लोगन के सपना असलियत बन सकेला। पूर्व मुख्यमंत्री कल्याण सिंह के नाम पs ‘कल्याण सिंह नगर’ जिला बनावे के कसरत सुरू हो गइल बा। एह नया जिला में अलीगढ़ के अतरौली आ गंगीरी इलाका के संगे बुलंदशहर के डिबाई इलाका सामिल हो सकेला। योगी सरकार एह प्रस्ताव पs तेजी से काम करत बिया आ संबंधित जिला से पूरा रिपोर्ट मांगत बिया।

सबसे पहिले ई मांग कल्याण सिंह के बेटा आ एटा के पूर्व सांसद राजवीर सिंह उर्फ राजू उठवले रहलें। ऊ मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के चिट्ठी लिख के कहलें कि अलीगढ़ आ बुलंदशहर के कुछ हिस्सा जोड़ के नया जिला बनावल जाव, नाम होखे ‘कल्याण सिंह नगर’। संगही कल्याण सिंह के पैतृक गांव मढ़ौली (अतरौली) आ गंगीरी के तहसील बनावे के मांग भइल बा।

काहे जरूरी बा ई जिला?

राजू सिंह के तर्क बा कि बाबूजी उत्तर प्रदेश आ बीजेपी खातिर कइयन गाे काम कइले रहनी, खासतौर पs अतरौली उहां के कार्यभूमि रहल। बाकिर अबहियो बहुते विकास के काम बाकी बा। अतरौली, गंगीरी आ डिबाई के लाखन लोगन के प्रशासनिक काम खातिर दूर अलीगढ़ भा बुलंदशहर जाये के पड़ेला। जदि नया जिला बन जाई तs पुलिस, तहसील, अस्पताल, स्कूल सब सुविधा नजदीक मिली।

ऊ कहलें कि एह इलाका से कल्याण सिंह के गहिराह नाता रहल, कइयन बेर ऊ इहवां से विधायक बनलें। एहसे ई फैसला भावनात्मक आ राजनीतिक दुनो तरे से खास बा।

अब का होत बा?

योगी सरकार एह प्रस्ताव के गंभीरता से लेले बिया। शासन अलीगढ़ आ बुलंदशहर के डीएम लोगन से कहलस कि जनसंख्या, राजस्व, दूरी आ सुविधन के पूरा रिपोर्ट बनावे लोग। संगहीं नया जिला के नक्शा तैयार करे लोग आ जनता आ जनप्रतिनिधियन से राय लेवे लोग।

रिपोर्ट आवतही एकरा के कैबिनेट में पेश कइल जाई। जदि सब ठीक रही तs जल्दिये नया जिला अस्तित्व में आ सकेला।

अलीगढ़ के डीएम संजीव रंजन कहलें कि सरकार जवन बिंदुअन पs रिपोर्ट मंगले बिया, जल्दिये उपलब्ध करा दिहल जाई।

यूपी में अभी केतना जिला?

एह समय उत्तर प्रदेश में 75 जिला बा। जदि ‘कल्याण सिंह नगर’ बन गइल तs यूपी में कुल 76 जिला हो जाई। राजनीतिक गलियारन में इहो चरचा बा कि एह से लोधी समाज में बीजेपी के संदेश आउर मजबूत होई, काहे कि कल्याण सिंह ओह लोगन के सबसे बड़ नेता रहलें।

Read Also: Louvre Heist : लूव्र म्यूजियम में चोरी भइल 10.2 करोड़ डॉलर के आभूषण किने के पेशकश! टेलीग्राम CEO के बड़ बयान, 2 संदिग्ध गिरफ्तार

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]