पैरासिटामोल, विटामिन डी सहित 50 से जादा दवाई भइल टेस्ट में फेल, ईहां देखी पूरा लिस्ट

पैरासिटामोल, विटामिन डी सहित 50 से जादा दवाई भइल टेस्ट:फोटो

Share

 

केंद्रीय औषधि मानक नियंत्रण संगठन हाल ही में ओह दवाईयन के गुणवत्ता परीक्षण कइले बा जवना में 53 गो दवाई एह सूची में फेल हो गइल बाड़ी सँ. एह सूची में शामिल दवाई में बीपी, डायबिटीज, एसिड रिफलक्स अवुरी विटामिन के कुछ दवाई भी शामिल बा। एकरा अलावा जवन दवाई सीडीएससीओ फेल हो गईल बा ओकरा में देश के कई गो बड़ दवाई कंपनी के दवाई भी शामिल बा जईसे बोखार कम करे वाला पैरासिटामोल/paracetamo, पेन किलर डिक्लोफेनेक/Diclofenac, एंटीफंगल मेडिसिन फ्लुकोनाजोल/Fluconazole। बता दीं कि ई सब दवाई मेडिकल टेस्ट में फेल हो चुकल बा आ स्वास्थ्य खातिर भी हानिकारक कहल गइल बा

हालांकि एs सूची में 53 दवाई फेल हो चुकल बा, बाकिर एs सूची में मात्र 48 दवाई के नाम आईल बा। काहे कि जवन 5 गो दवाई फेल हो गइल बा ओकर कंपनी कहत बिया कि ई दवाई ओह लोग के ना हs. बल्कि बाजार में ओ लोग के नाम पs नकली दवाई बेचल जाता। जवन दवाई फेल भईल बा ओकरा में सन फार्मा के बनावल पैन्टोसिड टैबलेट/ Pantocid Tablet भी शामिल बा। बता दीं कि एह सूची में कुछ दवाई भी शामिल बा जवना के बहुत इस्तेमाल होला आ पिछला कुछ साल में एकर खपत भी बढ़ल बा।

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-