Leander Paes in BJP : बंगाल चुनाव से पहिले भाजपा में सामिल भइलें टेनिस दिग्गज लिएंडर पेस, बढ़ल सियासी हलचल

Share

नई दिल्ली। भारतीय टेनिस के दिग्गज खिलाड़ी लिएंडर पेस अब भाजपा में सामिल हो गइल बाड़ें। पश्चिम बंगाल विधानसभा चुनाव से पहिले उनकर ई डेग राजनीतिक गलियारा में बहुते चरचा के विषय बन गइल बा। पेस भारत के सबसे सफल टेनिस खिलाड़ियन में गिनल जालें। एह मवका पs केंद्रीय मंत्री किरण रिजिजू आ भाजपा नेता सुकांता मजुमदार मवजूद रहल लोग।

पेस के पार्टी में सामिल होखला से पश्चिम बंगाल के राजनीति खातिर बहुते अहम मानल जा रहल बा। फिलहाल राज्य में चुनावी माहौल गरम बा आ सब पार्टी आपन रणनीति मजबूत करे में जुटल बाड़ी सs।

किरण रिजिजू का कहलें?

एह मवका पs किरण रिजिजू कहलें कि लिएंडर पेस के भाजपा परिवार में सामिल होखल ऐतिहासिक बा। ऊ कहलें कि प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी पिछिला 12 साल में खेल आ खिलाड़ी सभन के लगातार बढ़ावा देले बाड़ें।

ओहिजा पेस एह दिन के अपना जिंदगी के सबसे खास दिन बतवलें। ऊ कहलें, ई हमार जिनगी के बहुत बड़ दिन बा। हम प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी, अमित यााह आ नितिन नबीन के धन्यवाद देत बानी। ई हमरा खातिर खेल आ नवहा सभन के सेवा करे के बढ़िया मवका बा।

अब नवहन खातिर काम करेम

लिएंडर पेस भारत खातिर ओलंपिक पदक आ कइयन गो ग्रैंड स्लैम जीत चुकल बाड़ें, आ अब राजनीति के मैदान में नया पारी सुरू करे जा रहल बाड़ें। भाजपा से जुड़ल एह बात के संकेत बा कि पार्टी खेल जगत के बड़ चेहरा के संगे जोड़ के आपन पकड़ मजबूत कइल चाहत बिया।

पेस कहलें कि ऊ 40 साल देस खातिर खेल चुकल बाड़ें, अब समय आ गइल बा कि ऊ नवहन क सेवा करस। ऊ केंद्र सरकार के खेल योजना- खेलो इंडिया आ टॉप्स स्कीम के सराहना कइलें।

बंगाल में खेल सुविधा पs उठवलें सवाल

पेस बंगाल में खेल सुविधा के कमी पs खुल के बात कइलें। ऊ कहलें कि भारत दुनिया के सबसे जवान देस बा आ अगिला 20-25 साल में स्पोर्ट्स एजुकेशन पs ध्यान देवे के जरूरत बा। ऊ बतवलें कि आजो बंगाल में इंडोर टेनिस कोर्ट के कमी बा।

बंगाल चुनाव से पहिले बड़ा संदेश

भाजपा के उम्मीद बा कि पेस के लोकप्रियता से नवहा आ खेल प्रेमी वोटरन पs सकारात्मक असर पड़ी। हालांकि अभी साफ नइखे कि पेस चुनाव लड़िहें कि ना, बाकिर ऊ प्रचार में अहम भूमिका निभा सकेलें।

लिएंडर पेस के पृष्ठभूमि

लिएंडर पेस के जन्म 17 जून 1973 के कोलकाता में भइल रहे। उनकर पिता वेस पेस 1972 म्यूनिख ओलंपिक में कांस्य पदक जीतले रहलें, जबकि माई जेनिफर पेस 1980 एशियन बास्केटबॉल टीम के अगुवाई कइले रहली।

ओलंपिक आ अवॉर्ड

लिएंडर पेस 1996 के अटलांटा ओलंपिक में कांस्य पदक जीतले रहलें। ऊ केडी जाधव के बाद दूसरका भारतीय खिलाड़ी बनलें, जे व्यक्तिगत ओलंपिक मेडल जीतल।
सरकार उनका के उपलब्धि खातिर खेल रत्न, अर्जुन अवॉर्ड, पद्म श्री आ पद्म भूषण से सम्मानित कइले बिया।

डबल्स के महारथी

पेस पुरुष युगल में 8 ग्रैंड स्लैम आ मिक्स्ड डबल्स में 10 ग्रैंड स्लैम खिताब जीत चुकल बाड़ें। ऊ दुनिया के सबसे सफल डबल्स खिलाड़ियन में से एगो मानल जालें।

Read Also: Bengal Election : बंगाल खातिर BJP 13 आउर उम्मीदवारन के लिस्ट जारी कइलस, मयनागुड़ी सीट पs बदलल उम्मीदवार

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-