Ladakh Voilence : सोनम वांगचुक NSA में गिरफ्तार, भड़काऊ बयान से भीड़ के उकसावे के बा आरोप

Share

श्रीनगर। तीन दिन पहिले लेह में भइल हिंसा के बाद से ई अन्देशा जतावल जात रहल रहे कि आंदोलन के अगुवाई करत सोनम वांगचुक के गिरफ्तारी हो सकेला। खुद वांगचुको कहले रहस कि सरकार उनका के पकड़े खातिर साजिश रच रहल बिया।

सुक के ई अन्देशा सही साबित भइल आ पुलिस सोनम वांगचुक के हिरासत में ले लिहलस। उनका पs ई कार्रवाई लेह में भइल हिंसक झड़प के बाद राष्ट्रीय सुरक्षा कानून (NSA) के तहत भइल बा। ओने लद्दाख में विपक्षी दल आ नागरिक समाज के लोग वांगचुक के गिरफ्तारी के विरोध करत कहलस कि एकरा से हालात शांत ना होई, अउरी बिगड़ी।

लेह के एगो स्थानीय पार्षद कहलें, “संवैधानिक सुरक्षा उपायन के सही मांग पूरा करे के बजाय सरकार लद्दाख के एगो इज्जतदार आवाज के निशाना बना रहल बिया।”

हिंसा के बाद से भाषणन के जांच

पुलिस, हिंसा के बाद से वांगचुक के सब भाषण आ बयानन के लगातार समीक्षा करत रहे। गृह मंत्रालय के निरदेस पs स्थानीय पुलिस आ केंद्र से आइल टीम वांगचुक के सब हाल के भाषणन के देखलस। टीम के रिपोर्ट में कहल गइल कि कइयन गो बयान नवहन के उकसावे वाला रहे।

टीम रिपोर्ट गृह मंत्रालय के सउपलस, जवना के बाद गिरफ्तारी के आदेस जारी भइल। आरोप बा कि वांगचुक के भाषण भीड़ के उकसवलस आ लद्दाख के नेता आ केंद्र के बीच संवाद कमजोर कइलस।

भड़काऊ भाषण बनल आधार

रिपोर्ट में कहल गइल बा कि भूख हड़ताल के दौरान वांगचुक अरब स्प्रिंग आ नेपाल के छात्र विरोध आंदोलन के हवाला देलें। मंत्रालय के माने के बा, एह बयान से भीड़ भड़क गइल आ 24 सितंबर के लेह में प्रदर्शन हिंसक हो गइल। सरकारी दफ्तरन पs हमला, गाड़ियन के जरावल गइल आ पुलिस से भिड़ंत भइल। जवाबी कार्रवाई में गोली चलल, जेमे चार नागरिकन के जान गइल।

एनएसए के तहत कार्रवाई

सरकार NSA ओह बेरा लगावेले जब लागे कि कवनो आदमी देस के सुरक्षा आ जनबेवस्था खातिर खतरा बा। लेह में भइल हाल के हिंसा से पहिले चलत आंदोलन के अगुवाई वांगचुक करत रहलें। सरकार के दावा बा कि उनका भाषण से नवहा हिंसक भइल लोग।

घर से गिरफ्तारी

वांगचुक के उनका घर से पकड़ल गइल आ पूछताछ खातिर पुलिस थाना ले गइल गइल। हालांकि हिंसा के बाद ऊ भूख हड़ताल खतम कs देलें आ हिंसा में सामिल ना रहे के दावा कइलें। ऊ कहले कि जदि सरकार उनका के हिरासत में लेलस तs ई सरकार खातिर बड़ चुनौती साबित होई।

बाहरी लोगन पs जांच

पुलिस धरपकड़ तेज कs दिहलस आ अभी ले 50 से बेसी लोग हिरासत में बा, जेमे लद्दाख से बाहर के लोग- नेपाली नागरिक आ डोडा जिला के लोग सामिल बा। बाहरी लोगन के भूमिका के जांच कइल जा रहल बा।

NGO के लाइसेंस रद्द

एह गिरफ्तारी से पहिले गृह मंत्रालय वांगचुक के NGO SECMOL के FCRA लाइसेंस रद्द कs देलस। एह संस्था के वांगचुक सह-संस्थापक बाड़ें, जवन शिक्षा आ पर्यावरण खातिर काम करत रहल बा। मंत्रालय के कहनाम बा कि ई संस्था वित्तीय नियम के उल्लंघन कइले बिया।

Read Also: Chandigarh Airport Closure : 12 दिन तक ना उड़ी प्लेन, सब फ्लाइट बुकिंग रद्द, रिफंड सुरू- जान लीं कारण

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
- Sponsored Ads-