[the_ad_group id="30365"]

Special story : ईंहों के जानी , ईंहों के पहचानी: गायक डॉ. गजेंद्र कुमार पाण्डेय

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

खबर भोजपुरी एगो सेगमेंट लेके रउरा सब के सोझा आइल बा जवना में हमनी के आपन क्षेत्र में बेहतर काम कS रहल युवा लोग से परिचय करावेनी जा।

एह कड़ी में आजू आईं जानल जाव गायकी के क्षेत्र में बेहतरीन काम कs रहsल ‘गजेंद्र कुमार पाण्डेय’ के बारे में…

गजेंद्र जी के जनम गोकुलपुर गाँव चंदौली जिला में भइल रहे। इनकर बाबूजी के नाम श्री राम कृष्ण पांडेय आ माई के नाम श्रीमती कलावती पांडेय हs।गजेंद्र जी के बाबूजी बहुत स्पोर्ट करत रहले। गजेंद्र के सुरुआती पढ़ाई – लिखाई उनकरी गाँव में भइल। बचपन में गजेन्द्र बालसभा,15 अगस्त, 26 जनवरी आ 2 अक्टूबर में भाग लेत रहले आ गावत रहले । हाई स्कूल के पढ़ाई पुरा कइले के बाद बीएचयू से संगीत में डिप्लोमा कइले अउरी साथे में ग्यारहवीं ,बारहवीं आ बीएचयू से मास्टर के डिग्री मिलल। ओकरी बाद पीएचडी कइले , शोध भी साहित्य संगीत से जुड़ल रहे। गजेंद्र के घर के माहौल गीत गवनई आ गाना बजाना से कोसो दूर रहे। लेकिन ननिहाल में संगीत के माहौल रहे। गजेंद्र के बचपने से संगीत के शवख रहे बाकिर पढ़ाई – लिखाई के माहौल के चलते उ संगीत पs बहुत ध्यान ना दे पवले। एही से बहुत बाद से संगीत के शिक्षा लिहल सुरु कइले। एकरा बाद इ कइ गो कंपटीशन में गईले- सुर संगम-2005-अखिल भारतीय युवा संगीत प्रतियोगिता में फोक खातिर बनारस से जयपुर गईले। जेकर एपिसोड के प्रसारण दिल्ली दूरदर्शन पs सुर संगम नाम से भइल।, Etv उत्तर प्रदेश पs फोक जलवा में गइल रहले।जेकर फाइनलिस्ट रहले।, 2009 में महुआ चैनल पs होखे वाला सुर संग्राम में पहिला सीजन में top up-12 में रहले। वर्तमान में अपना परिवार के संगे रहेलें अवुरी संगीत के क्षेत्र में बढ़िया काम कs रहल बाड़े। हमनी के सोझा बढ़िया बढ़िया गीत पेश करत रहेलें-

हाल ही में 16 फरवरी, 2023 के खजुराहो साहित्य महोत्सव में भोजपुरी लोकगीत आ कबीर’ के प्रस्तुति दिहले ।एकरा अलावा -कबीर जन विकास समुह, इंदौर द्वारा 12 जून, 2022 के आयोजित कबीर जयंती के अवसर पs कबीर भजन’, विजय मोहन सिंह स्मृतिन्यास, 2018 के ओर से आयोजित ‘कबीर गायन (2018) के प्रस्तुति।, कबीर गायन’ (2018) के प्रस्तुति, कबीर जन उत्सव-2018, इंदौर मध्य प्रदेश के ओर से आयोजित भइल रहे, रजीव गांधी विश्वविद्यालय, अरुणाचल प्रदेश के ललित कला एवं संगीत विभाग द्वारा आयोजित ‘कबीर भजन’ (2019) के प्रस्तुति कइले रहले। अइसन कइ गो सुनर भजन के प्रस्तुति करत रहेले।

गजेंद्र जी के कइगो गीत यूट्यूब पs बाटे, जवना के बोल ह .. छाप तिलक, हुसियार रहना रे, कबीर भजन इत्यादि। अइसन कइगो गाना बा जवन बहुते पसन कइल गइल बा । समय – समय पs यूू ट्यूब चैनल पs ढेर गाना आवेला जवना के लोग के बहुत प्यार मिलेला।

 

यायावरी वाया भोजपुरी पs उनकर कइ गो गावल गीत बा जेमे प्रमुख ‘मोरा हीरा हेरा गए.., नेहिया, उठs मोरी मईया इत्यादि। एह गीत के लोग-बाग बहुते पसन करेला।

गजेंद्र जी अस नहवा गायक भोजपुरी के भवीस बाड़न आ ई अपना गायकी से भोजपुरिया लोगन में एगो आस जगवले बाड़न। गजेंद्र जी के जबे मउका मिलेला समय-समय पs आपन गीत लेके आवेले आ कार्यशाला में भाग ले के कुछ ना कुछ सीखे के कोशिश करेले।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]