बीच पs जालीदार ड्रेस में दिशा पाटनी बढवली पारा, टकटकी लगा के देखत‌ रह जाएब अदा

By Anurag Ranjan

Published on: May 9, 2024

  दिशा पाटनी एs बीच वेकेशन पs आपन दोस्तन के साथे ग‌इल बाड़ी। सुंदर नजारन के झलकी उs साझा करत बाड़ी। एतने नाहीं उs अपने दोस्तन के साथे खूब मस्ती करत बाड़ी। हर तस्वीर में

Share

 

दिशा पाटनी एs बीच वेकेशन पs आपन दोस्तन के साथे ग‌इल बाड़ी। सुंदर नजारन के झलकी उs साझा करत बाड़ी। एतने नाहीं उs अपने दोस्तन के साथे खूब मस्ती करत बाड़ी। हर तस्वीर में उनकर अलग अदा देखे के मिलत बा।

दिशा पाटनी अपने स्टीमी तस्वीरो पोस्ट क‌इली ह‌ई। एs तस्वीरन में उs समुंदर के पानी में पूरा तरह भीगल नजर आवत बाड़ी। एक्ट्रेस के बैकग्राउंड में समुद्र में डूबत सूरज नजर आवत बा। ई खूबसूरत दृष्य एs तस्वीर में चार चांद लगावत बा।

बीच वेकेशन के अपने तस्वीर के पोस्ट करत हुए दिशा पाटनी कहली कि उs एs हफ्ता खाली एs वेकेशन के फोटोज ही डंप करींहें। एs तस्वीर में उनकरे पानी में पोज देत देख सकेनी। ओहीं दूसरा वाल तस्वीर में एक्ट्रेस कोनो रेस्टोरेंट में अपने दोस्तन के साथे शानदार खाना आ ड्रिंक्स के मजा लेत बाड़ी।

एक्ट्रेस के ए तस्वीर के देखले के बाद फैंस उनकर खूब तारीफ करत बाड़े। फैंस के कहल बा कि दिशा पाटनी असल मायना में वॉटर बेबी ह‌ई। एतने ही नाहीं फैंस के ई कहल बा कि उs खुद के सुपर फिट रखेली । वइसे बता देंई, एक्ट्रेस खुद के फिट रखे के खातिर जिम में खूब पसीना बहावेली इहे वजह हs उनकर कमाल के फिगर हs।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.