Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Railway Station New Name: रेलवे बदललस प्रतापगढ़ सहित 3 स्टेशनन के नाम, जानीं अब का बा नया पहचान

UP Railway Station Name Change: प्रतापगढ़ स्‍टेशन के नया नाम अब मां बेल्हा देवी धाम प्रतापगढ़ जंक्शन हो गइल बा। एही के संगे दु गो आउर स्टेशनन के नाम बदलल गइल बा। रेलवे लमहर समय से तीनो स्टेशनन के नाम बदलला के तइयारी कs रहल बा। जादे अक्षर ओमे बाधा बनत रहे। अब सेंटर फार रेलवे इंफारमेशन सिस्टम (क्रिस) एह सब स्टेशनन के कोड बदल दिहल गइल बा। 

231

रेलवे प्रतापगढ़ संसदीय क्षेत्र के तीन स्टेशनन के नाम बदल बदल देले बा। जादे अक्षर होखला के कारण एकर नाम बदलला में परेसानी आवत रहे। सेंटर फार रेलवे इंफारमेशन सिस्टम (क्रिस) बियफे के उत्तर रेलवे लखनऊ मंडल के अधिकारियन से संपर्क कइले रहे। मंडल के ओर से गृह मंत्रालय के पत्र लिखल गइल, एह बीच सुक के क्रिस स्टेशन कोड तय कs देले रहस।

मां बेल्हा देवी धाम प्रतापगढ़ जंक्शन बा नया नाम

अब प्रतापगढ़ नाम बदलके मां बेल्हा देवी धाम प्रतापगढ़ जंक्शन हो गइल बा। एकर स्टेशन कोड एमबीडीपी होई। अंतू के नाम बदलके मां चंद्रिका देवी धाम अंतू हो गइल, एह स्टेशन के कोड एमसीडीए हो गइल बा। बिशनाथगंज के नाम शनिदेव धाम विशनाथगंज हो गइल बा। एह स्टेशन के कोड एसबीटीजे करे के आदेस जारी हो गइल बा।

अप्रिल में जारी भइल रहे आदेस 

भारत सरकार के विज्ञान आ तकनीकी मंत्रालय के अनु सचिव उन्नी कृष्णन टी 10 अप्रिल के प्रतापगढ़ लोकसभा के स्टेशन अंतू, प्रतापगढ़ जंक्शन आ बिशनाथगंज के नाम बदलला के आदेस जारी कइले रहस। उत्तर रेलवे लखनऊ मंडल के सीनियर डीसीएम रेखा शर्मा बतवली कि तीनो स्टेशनन के नाम बदलला के आदेस रेलवे बोर्ड जारी कs देले बा।

योगी सरकार में बदल गइल एह बड़ शहरन के नाम

  • इलाहाबाद के नाम बदलके प्रयागराज कइल गइल।
  • फैजाबाद के नाम बदलके अयोध्या कइल गइल।

एह रेलवे स्टेशनन के बदलल गइल नाम

  • मुगलसराय रेलवे स्टेशन के नाम बदलके पंडित दीनदयाल उपाध्याय जंक्शन कइल गइल।
  • झांसी रेलवे स्टेशन के नाम बदलके वीरांगना लक्ष्मीबाई रेलवे स्टेशन रखल गइल।

सबसे पहिले मुगलसराय जंक्शन के बदलल गइल रहे नाम

सबसे पहिले मुगलसराय जंक्शन के नाम बदलके पंडित दीनदयाल उपाध्याय जंक्शन कs दिहल गइल रहे। एकरा बाद मुगलसराय तहसील के नाम पंडित दीन दयाल उपाध्याय कs दिहल गइल रहे।

656080cookie-checkRailway Station New Name: रेलवे बदललस प्रतापगढ़ सहित 3 स्टेशनन के नाम, जानीं अब का बा नया पहचान

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.