सेंट्रल डेस्क। केरल में दु चरण में भइल स्थानीय निकाय चुनाव के आज मतगणना हो रहल बा। एह मतगणना में तिरुवनंतपुरम नगर निगम के 101 वार्ड के नतीजा सामिल बा। सुरुआती रुझान देख के ई साफ बुझात बा कि बीजेपी, कांग्रेस सांसद शशि थरूर के गढ़ मानल जाये वाला इलाका तिरुवनंतपुरम में आपन मजबूत दावेदारी साबित करत नजर आ रहल बा।
ताजा जानकारी के अनुसार, सबेरे 10 बजे तक 101 वार्ड में से 45 वार्ड के रुझान सामने आ चुकल बा। एमे लेफ्ट डेमोक्रेटिक फ्रंट (एलडीएफ) 17 सीट पs आगे चल रहल बा। ओहिजा, बीजेपी गठबंधन माने एनडीए 16 सीट पs बढ़त बनवले बा। जबकि कांग्रेस के अगुवाई वाला यूनाइटेड डेमोक्रेटिक फ्रंट (यूडीएफ) 11 सीट पs आगे चल रहल बा।
Post Views: 38






