Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

KBC 15 में अमिताभ बच्चन एक हफ्ता खातिर आपन नाव में कइले बदलाव, जानी एकरा पीछे के वजह

'कौन बनेगा करोड़पति 15' के जनता के खूब प्यार मिल रहल बा। शो के मेकर लोग भी हर हफ्ता एगो नया थीम लेके आ रहल बा ताकि शो के मजेदार बनावल जा सके। एह हफ्ता अइसन थीम राखल गइल कि अमिताभ बच्चन के आपन नाम बदले के पड़ल। 

1,109
Google Ads 300*250 for posts

 

‘कौन बनेगा करोड़पति’ के 15वां सीजन चल रहल बा। एह शो में बहुते प्रतियोगी शानदार प्रदर्शन कs रहल बाड़े आ भारी रकम जीत रहल बाड़े। अबहीं ले एह शो में दू गो प्रतियोगी मिलल बाड़े जे एक करोड़ रुपिया के रकम जीत चुकल बाड़े। अमिताभ बच्चन बुध के दिने 38वां एपिसोड में एह शो के शुरुआत भव्य तरीका से कइलन। उ बतवले कि इ सप्ताह खास बा काहेकी इ महतारी के नाम पs बा अवुरी उ बतवले कि सभके जीवन के आकार देवे में महतारी केतना महत्वपूर्ण भूमिका होखेला। एकरा से ठीक पहिले अमिताभ आपन परिचय देले रहले, जवना में उ अपना नाम में बदलाव के बारे में बतवले रहले। आखिर अमिताभ अयीसन काहें कईले।

अमिताभ एही कारण से आपन नाव बदलले बाड़े

असल में जइसन कि हम रउरा सभे के बतवले बानी कि ई हफ्ता केबीसी 15 खातिर खास बा। एह हफ्ता ‘माई’ लोग के श्रद्धांजलि दिहल जा रहल बा। एह हफ्ता के एगो खास नाम ‘नतमस्तक मां’ भी दिहल गइल बा। एकरा चलते अमिताभ बच्चन एक हफ्ता से रोज अपना नाम में अपना महतारी के नाम जोड़तारे। अब ऊ एह शो में अमिताभ तेजी बच्चन आपन नाम बतावत बाड़न। एतने ना, शो में आवे वाला हर प्रतियोगी के नाम में माई के नाम भी जोड़ल जा रहल बा। ई क्रम पूरा हफ्ता यानी पिछला सोमार से बियफे ले अइसहीं चलत रही। अबकी बेर केबीसी 15 के निर्माता हर हफ्ता के एगो थीम दे रहल बाड़े।

 अमिताभ बतवले कि माई काहे खास बाड़ी

कौन बनेगा करोड़पति 15’ आ अमिताभ बच्चन के एह पहल के खूब सराहल जा रहल बा। अमिताभ पिछला एपिसोड में बतवले रहले कि कइसे एगो महतारी बच्चा खातिर सबकुछ करेले। आज के दौर में भले ही एआई आईल बा, जवन हर काम कर रहल बा, लेकिन माई के प्यार सिर्फ माई के संगे बा, कवनो एआई अयीसन नईखे बना सकत।

एह शो से अमिताभ बच्चन के हर घर में एगो अलग पहचान मिलल

बता दीं कि बरिसन से टीवी पs प्रसारित हो रहल शो ‘कौन बनेगा करोड़पति’ हमेशा से लोग के दिल जीते में सफल रहल बा। एह शो से अमिताभ बच्चन के हर घर में एगो अलग पहचान मिलल बा। हॉटसीट पs फोन करे आ सवाल पूछे के उनकर अंदाज लोग के पागल बना दिहलस। ‘कौन बनेगा करोड़पति’ के 15वां सीजन सोनी टीवी आ सोनी लिव पs देखावल जा रहल बा। ई शो रात नौ बजे से प्रसारित होला।

 

 

 

 

655140cookie-checkKBC 15 में अमिताभ बच्चन एक हफ्ता खातिर आपन नाव में कइले बदलाव, जानी एकरा पीछे के वजह

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.