सेंट्रल डेस्क। वैदिक पंचांग के अनुसार, 08 अक्टूबर (Kartik Month 2025) से कार्तिक माह के सुरुआत हो रहल बा। एह महीना में भगवान विष्णु, मां लक्ष्मी आ मां तुलसी के पूजा-अर्चना करे के विधान बा। एह महीना के कृष्ण पक्ष के चतुर्थी तिथि पs करवा चौथ के पर्व बहुते उत्साह के संगे मनावल जाला।
एह पर्व के आवे के सुहागिन महिला बेसब्री से इंतजार करेला लो। एह व्रत के निर्जला कइल जाला आ करवा माता के पूजा होला। धार्मिक मान्यता के अनुसार, एह व्रत के विधिपूर्वक करे से पति-पत्नी के रिश्ता में मधुरता आवेला आ रिश्ता मजबूत होला। अइसे में चलीं एह आर्टिकल में जानल जावs करवा चौथ (Karwa Chauth 2025) के डेट आ सुभ मुहूर्त के बारे में।
करवा चौथ 2025 डेट आ सुभ मुहूर्त (Karwa Chauth 2025 Date and Shubh Muhurat)
- वैदिक पंचांग के अनुसार, अबकि बेर 10 अक्टूबर के करवा चौथ व्रत कइल जाई।
- कार्तिक महीना के कृष्ण पक्ष के चतुर्थी तिथि के सुरुआत- 09 अक्टूबर के देर रात 10 बजके 54 मिनट पs
- कार्तिक महीना के कृष्ण पक्ष के चतुर्थी तिथि के समापन- 10 अक्टूबर के सांझ 07 बजके 38 मिनट पs
- एह दिन पूजा-अर्चना करे के सुभ मुहूर्त- 05 बजके 16 मिनट से लेके सांझ 06 बजके 29 मिनट तक
- चंद्रोदय के समय- सांझ के 07 बजके 42 मिनट पs होई।
करवा चौथ पूजा सामग्री लिस्ट (Karwa Chauth Pujan Samagri List)
पुष्प, कच्चा दूध, शक्कर, देसी घी, अगरबत्ती, दही, मिठाई, गंगाजल, अक्षत, सिंदूर, मेहंदी, चूड़ी, बिछुआ, महावर, कंघा, बिंदी, चुनरी, पीली मिट्टी, चलनी, जल के लोटा, दीपक आ थाली आदि।
एह चीजन के करीं दान
करवा चौथ के दिन करवा माता के पूजा-अर्चना करीं। व्रत कथा के पाठ कs के जिनगी में सुख-शांति के प्राप्ति खातिर कामना करीं। एकरा बाद इत्र, केसर सिंदूर आ लाल चुनरी के दान करीं। धार्मिक मान्यता के अनुसार, एह चीजन के दान कइला से वैवाहिक जिनगी में खुशियन के आगमन होला आ जिनगी में सुख-शांति बनल रहेला।
करवा चौथ के दिन एह बातन के रखीं ध्यान
- पूजा कs व्रत के संकल्प लीं।
- व्रत के दौरान केहू से वाद-विवाद मत करीं।
- केहू के बारे में गलत मत सोचीं।
- भूलाइयो के करिया रंग के कपड़ा मत पहिनीं।
- घर आ मंदिर के साफ-सफाई के ध्यान रखीं।
- चंद्र दर्शन कs के व्रत के पारण करीं।
Read Also: PM Awas Yojana : यूपी के ढाई लाख लोगन के मिली आपन घर, योगी सरकार स्वीकृत कइलस 735 करोड़ रुपिया