चाईबासा। झारखंड के पश्चिमी सिंहभूम जिला में सुरक्षाबलन के ऐतिहासिक सफलता हाथे लागल बा। सारंडा जंगल इलाका में चल रहल भीषण मुठभेड़ में सुरक्षाबल 25 बरिस में सबसे बड़ नक्सल-विरोधी ऑपरेशन के अंजाम देलस। एह कार्रवाई में एक करोड़ रुपिया के इनामी कुख्यात माओवादी नेता अनल सहित कुल 16 माओवादियन के मार गिरावल गइल बा।
अनल भाकपा (माओवादी) संगठन के सेंट्रल कमेटी मेंबर (CCM) रहल आ लमहर समय से पुलिस आ सुरक्षाबलन के मोस्ट वांटेड सूची में सामिल रहे। ई मुठभेड़ छोटानगरा थाना क्षेत्र के घना आ दुर्गम जंगल में भइल। गुप्त सूचना के आधार पs सुरू कइल गइल अभियान में कोबरा-209 बटालियन, झारखंड जगुआर आ जिला पुलिस सामिल रहे।
सुरक्षाबल जइसही माओवादी ठिकाना के नजदीक पहुंचल लोग, ओह लोगन पs अंधाधुंध फायरिंग सुरू कs दिहल गइल। जवाब में कोबरा बटालियन मोर्चा संभारत जोरदार कार्रवाई कइलस। दुनो ओर से बहुत देर तक भारी गोलीबारी चलल, जवना में माओवादी दस्ता के कमर टूट गइल। एह निर्णायक मुठभेड़ में 16 माओवादी ढेर हो गइले सs।
मुठभेड़ के बाद पूरा इलाका घेर लिहल गइल बा आ सघन तलाशी अभियान जारी बा। सुरक्षाबलन के मोताबिक, एतना बड़ संख्या में माओवादियन के एक संगे मारल जाये के घटना झारखंड में पहिला बेर भइल बा। एह सफलता के बाद राज्य में बड़ कद के माओवादी नेता लगभग खतम हो गइल बा लोग।
हत्या, ब्लास्ट आ लूट के कइयन गो ममिला रहल दर्ज
माओवादी नेता अनल के असली नाम तुफान उर्फ पतिराम मांझी उर्फ पतिराम मरांडी उर्फ रमेश रहे। ओकरा पिता के नाम टोटो मरांडी उर्फ तारू मांझी बतावल गइल बा। अनल गिरिडीह जिला के पीरटांड थाना क्षेत्र के झरहाबाले गांव के निवासी रहल आ बरिसन से सारंडा आ गिरिडीह के जंगलन में सक्रिय रहे। ओकरा खिलाफ हत्या, विस्फोट, हथियार लूट आ कइयन गो गंभीर आपराधिक ममिला दर्ज रहे।
Read Also: UP News : रामलला के भेंट कइल गइल भव्य ‘स्वर्ण कोदंड’, कारगिल युद्ध शहीदन के नाम बा अंकित









