JDU के दावत-ए-इफ्तार: सीएम नीतीश पहुंचले, लालू के दुनो बेटा एक संगे सामिल भइल लो 

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 28, 2022

जदयू अल्पसंख्यक प्रकोष्ठ  कावर से बियफे के हज भवन में दावत-ए-इफ्तार केआयोजन कइल गइल बा।  एमे एक बेर बिहार के राजनीति के धुरंधरन के जमावड़ा लागे लागल बा। आयोजन में मुख्यमंत्री नीतीश कुमार पहुंच गइल

Share

जदयू अल्पसंख्यक प्रकोष्ठ  कावर से बियफे के हज भवन में दावत-ए-इफ्तार केआयोजन कइल गइल बा।  एमे एक बेर बिहार के राजनीति के धुरंधरन के जमावड़ा लागे लागल बा। आयोजन में मुख्यमंत्री नीतीश कुमार पहुंच गइल बाड़े। लालू के दूनों बेटा नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव आ तेजप्रताप यादव सामील होखे पहुंचल बा लो। ओहिजा पूर्व सीएम जीतन राम मांझी के आगमन हो गइल बा। राजद के प्रदेश अध्यक्ष जगदानंद सिंह आ आउर वरिष्ठ नेता लो के नेवता दिहल गइल बा।
तेजस्वी के साथ बैठे सीएम नीतीश।
तेजस्वी के संगे बइठल सीएम नीतीश।
इफ्तार में पहुंचे विभिन्न दलों के नेता।
इफ्तार में पहुंचल अलग-अलग दल के नेता।
इफ्तार में पहुंचे नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव और नीतीश कुमार।
इफ्तार में पहुंचल नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव आ नीतीश कुमार।

 

सलीम परवेज ने किया मेजबानी

अल्पसंख्यक प्रकोष्ठ के प्रदेश अध्यक्ष सलीम परवेज के अबकी  बेर दावत-ए-इफ्तार के मेजबान बनावल गइल बा। ऊ बिहार विधान परिषद के उपसभापति रह चुकल बाड़े। राबड़ी आवास में लालू परिवार कावर से आयोजित इफ्तार पार्टी के बाद ई इफ्तार के बड़ राजनीतिक आयोजन हो रहल बा।

हफ्ता भर के भीतरी दूसरका बड़ राजनीतिक-धार्मिक आयोजन हो रहल बा। इफ्तार पार्टी में लालू प्रसाद के आवे के चरचा रहे बाकिर ऊ सामील ना हो पइहे। राजद के प्रदेश अध्यक्ष जगदानंद सिंह साफ कs देले बाड़े कि ऊ एह आयोजन में सामिल ना होइहे।

साभार: दैनिक भास्कर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.